Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

North Korea: अमेरिका के युद्ध अभ्यास से तनिको ना डेराइल उत्तर कोरिया, फेरु दगलस दू गो बैलिस्टिक मिसाइल

नार्थ कोरिया दु गो बैलिस्टिक मिसाइल पूर्वी समुद्र के सीमा के ओर दगले बा दक्षिण कोरियन आर्मी के अधिकारिक बयान

549

अमेरिका-दक्षिण कोरिया के संयुक्त हवाई अभ्यास के बस एके  दिन बादे उत्तर कोरिया  एक हाली  फेरु से छोटहन दूरी के  दु गो  बैलिस्टिक मिसाइल दगले बा । मीडिया रिपोर्ट में ई जानकारी दिहल  गईल। 48 घंटा के  भीतरे उत्तर कोरिया ई  दूसरा हाली बैलिस्टिक मिसाइल दगले बा ।

दक्षिण कोरिया के सेना (JCS)  कहले  कि उ उत्तर कोरिया के सुखोन क्षेत्र से सुबह 7:00 बजे से 7:11 बजे के बीचे दू गो बैलिस्टिक मिसाइलन के  परीक्षण के  पता लगवलें। जेसीएस आपन एगो बयान में कहले  कि देश के सुरक्षा आ  निगरानी के मजबूत करतs  दक्षिण कोरिया के  सेना अमेरिका के साथे करीबी सहयोग खातिर  पूरा तरीका से तईयार बा ।

दक्षिण कोरिया  के सेना कहलस कि अमेरिका आ दक्षिण कोरिया द्वारा रविवार के बम गिरावे के संयुक्त हवाई अभ्यास कईला के  महज एक दिन बादे उत्तर कोरिया ई कदम उठवले बा । ज्वाइंट चीफ ऑफ स्टाफ (जेसीएस) के अनुसार, सैन्य अभ्यास के दउरान दक्षिण कोरिया के F-35A स्टील्थ लड़ाकू विमान आ F-15K जेट विमान अमेरिका के F-16 लड़ाकू विमानन के संगे  उड़ान भरलस।

एह से पहिले उत्तर कोरिया ई घोषणा कईले  रहे  कि उ 18 फरवरी के  सैन्य परेड के बेरा  इंटरकॉन्टिनेंटल बैलिस्टिक मिसाइल (ICBM) के प्रदर्शन कईले रहे , जवना के बादे  अमेरिका आ दक्षिण कोरिया  दुनो मिल के एगो सैन्य  शुरू कईले रहे ।

465050cookie-checkNorth Korea: अमेरिका के युद्ध अभ्यास से तनिको ना डेराइल उत्तर कोरिया, फेरु दगलस दू गो बैलिस्टिक मिसाइल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.