Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

प्रयागराज जंक्शन पर पटरी से उतरल काशी एक्सप्रेस के कोच, रेल संचालन पर नाइ पड़ल असर

151

गोरखपुर आ रहल काशी एक्सप्रेस के एगो कोच मंगर के बिहाने पटरी से उतर गइल। प्रयागराज जंक्शन पs बिहाने 8:30 बजे के पास यह वाकया भइल। गनीमत रहल कि एह घटना से प्रयागराज जंक्शन पर रेल संचालन पर कौनो असर नइखे पड़त न ही कौनो यात्री के चोट लागल।

काशी एक्सप्रेस लोकमान्य तिलक से गोरखपुर के बीच चलेले। मंगर के सुबह तकरीबन 1 घंटा के देरी से ट्रेन जंक्शन 8:15 बजे के आसपास पहुंचल रहे। निर्धारित ठहराव के बाद ट्रेन जइसही गोरखपुर खातिर रवाना भइल त प्लेटफार्म नंबर 9 पर इंजन के पीछे पावर वैगन जेके जनरेटर कोच भी कहल जाला, ओकर दू पहिया पटरी से उतर गइल। पहिए के उतरतही जंक्शन पर सायरन बजल शुरू हो गइल।

सूचना मिलतही रेलवे के तमाम अफसर मौका पर पहुंच गइल। एकरे बाद ट्रेन के कोच के वापस पटरी पर चढ़ावे के काम शुरू भइल। 10:00 बजे तक कुछ के पटरी पs चढ़ावल जा चुकल रहे। एकरे बाद ट्रेन फिर से प्लेटफार्म नंबर 9 पर लीहल गइल अउर उनकर पावर वैगन काटल गइल।

एकरे बाद ट्रेन में एगो दूसर कोच जोड़ल गइले के कार्रवाई शुरू भइल, दूपहर 12:00 बजे ले ट्रेन जंक्शन से रवाना नाइ हो सकल रहे। उत्तर मध्य रेलवे के प्रयागराज मंडल के पीआरओ अमित सिंह बतवलें कि हादसा के वजह से रेल संचालन पs कौनो असर नाइ पड़ल रहे।

429650cookie-checkप्रयागराज जंक्शन पर पटरी से उतरल काशी एक्सप्रेस के कोच, रेल संचालन पर नाइ पड़ल असर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.