Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

देवबंद में बड़ घटना, दू छात्र के गोली मार के फ़रार भइलें सब बदमाश, मचल हड़कम्प

585
Google Ads 300*250 for posts

उत्तर प्रदेश के देवबंद में दिनदहाड़े बदमाश लोग बड़ वारदात के अंजाम दिहलें। इहाँ कोतवाली क्षेत्र में भायला-कुरडी मार्ग पर तीन बदमाश दू छात्रन के गोली मार के घायल कs दिहलें। घटना से क्षेत्र में अफरा-तफरी मच गइल। सूचना पs पुलिस मौका पर पहुंच के घटना के जानकारी लिहलें अउर घायल छात्रन के अस्पताल में भर्ती करवलें। उहवें बदमाशन के तलाश कइल गइल लेकिन उनकर कौनो सुराग नाइ मिलल।

जानकारी के अनुसार भायला निवासी अउर भायला इंटर कॉलेज के छात्र सिद्धार्थ (17) पुत्र प्रमोद अउर विनय (18) पुत्र राकेश सनीचर के दूपहर कुरडी मार्ग पर जात रहनें। तब्बे बाइक सवार तीन युवक लोग सामने से आ के उनका पर फायरिंग कs दिहलें। हमला में गोली लगले से दूनों छात्र घायल हो गइलें। सूचना पs पहुंचल पुलिस दूनों के अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। पुलिस हमलावरन के तलाश में लागल बा।

सीओ रामकरण बतवलें कि सिद्धार्थ के पैर में अउर विनय के पेट में गोली लागल बा। देवबंद से प्राथमिक उपचार के बाद दूनों जनी के हायर सेंटर रेफर कइल गइल बा। दूनों छात्र पैदल आवत रहनें। जबकि हमलावर बाइक पर सवार रहनें, जेकरे चेहरा पs नकाब लागल रहे। पुलिस हमलावरन के तलाश में लागल बीया।

413300cookie-checkदेवबंद में बड़ घटना, दू छात्र के गोली मार के फ़रार भइलें सब बदमाश, मचल हड़कम्प

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.