नगर विकास विभाग आज प्रदेश के 48 जनपदन के निकायन केे वार्डन के आरक्षण जारी कs देलस। नगर विकास विभाग के प्रमुख सचिव श्री अमृत अभिजात बतवलें आज 48 जनपदन के निकायन के वार्डन के आरक्षण जारी कइल गइल बा।
शेष जनपदन के निकायन के वार्डन के आरक्षणो ज्लदिये कs दिहल जाई। जवना जनपदन के निकायन खातिर वार्डन के आरक्षण जारी भइल बा, ओमे शाहजहांपुर, अमरोहा, अमेठी, अयोध्या, अलीगढ़, उन्नाव, एटा, औरैया, कानपुर देहात, कासगंज, कुशीनगर, कौशाम्बी, गाजियाबाद, गाजीपुर, गोण्डा, गौतमबुद्धनगर, चन्दौली, चित्रकूट, जालौन, जौनपुर, देवरिया, पीलीभीत, प्रतापगढ़, फिरोजाबाद, बदायूं, बरेली, बलरामपुर, बस्ती, बहराइच, बांदा, बागपत, बाराबंकी, भदोहीं, महाराजगंज, महोबा, रायबरेली, लखनऊ, लखीमपुरखीरी, वाराणसी, श्रावस्ती, संतकबीरनगर, संभल, सिद्धार्थनगर, सुल्तानपुर, सोनभद्र, हमीरपुर, हाथरस आ हापुड़ सामिल बा।