Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

रुपया बनाम डॉलर: नौ साल बाद रुपया के सबसे मजबूत ओपनिंग, जानीं भारतीय मुद्रा के ‘निम्मन दिन’ के कारण?

904

भारतीय रुपया में सुक्क के तेज उछाल आइल बा। रुपया में पिछले सत्र में भइल नुकसान के रिकवरी भइल बा। मानल जा रहल बा कि अमेरिका में महंगाई के आंकड़ा उम्मीद से कम होखले के कारण डॉलर में गिरावट आइल बा अउर एसे रुपया के मजबूती मिलल। सुक्क के बिहाने के सेशन में भारतीय रुपया 80.75 रुपया प्रति डॉलर के दर से कारोबार करत नजर आइल।

2013 के बाद सबसे अधिक मजबूती के संगे खुलल रुपया

हफ्ता के आखिरी कारोबारी दिन रुपया 80.6888 के स्तर पर खुलल, जबकि पिछले सत्र में ई 81.8112 अंक के स्तर पर बंद भइल रहे। सुक्क के रुपया डॉलर के मुकाबले एक रुपया 10 पइसा के मजबूती के साथ खुलल। रुपया में पिछले नौ बरिस में ई सबसे बड़ ओपनिंग ह। सितंबर 2013 के बाद रुपया सुक्क (11 नवंबर) के सबसे बड़ बढ़त के साथ  खुलल बा अउर सात हफ्ता के उच्चतम स्तर पs कारोबार कs रहल बा।

डॉलर इंडेक्स के मुकाबिले रुपया के निकटतम सपोर्ट लेवल 80.50 रुपया

शुरुआती सेशन में रुपया 80.6788 से 80.7525 रुपया के रेंज में कारोबार करत रहल अउर लगातार 81 रुपया प्रति डॉलर के नीचे बनल रहल। बाजार के जानकारन के मुताबिक अमेरिकी डाॅलर 81.91 ले बढ़ले के बाद रुपया के बढ़त खातिर रास्ता साफ कs दिहले बा। डॉलर इंडेक्स के मुकाबिला रुपया के निकटतम सपोर्ट लेवल 80.50 बा। जबकि मनोवैज्ञानिक स्तर 80 ह। उम्मीद बा कि सुक्क के पूरे दिन रुपया 80.25 से 81 के लेवल के बीच कारोबार करत रही।

अमेरिका में महंगाई घटले से ग्लोबल मार्केट में दिखल मजबूती

अमेरिका में अक्टूबर महीना के महंगाई के आंकड़ा बाजार के अनुमान से कम रहल बा, जेकरे कारण ग्लोबल स्टॉक मार्केट में निम्मन मजबूती दिख रहल बा। डॉलर इंडेक्स पर भारी दबाव बा अउर ई घट के 108 के लेवल के नीचे आ गइल बा। एही के नतीजा बा कि आजु रुपया डॉलर के मुकाबिले 110 पइसा के उछाल के संगे खुलल।

377450cookie-checkरुपया बनाम डॉलर: नौ साल बाद रुपया के सबसे मजबूत ओपनिंग, जानीं भारतीय मुद्रा के ‘निम्मन दिन’ के कारण?

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.