Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

दांत के सड़न पर रामबाण इलाज के तरे काम करेला ई 4 चीज, इस्तेमाल कsके खुद देखीं असर

1,709

दांतों में कई कारण से सड़न हो सकsता। एह सड़न के आम भाषा में कीड़ा लागल भी कहल जाला। अधिकतर पीछे के दाँत में ई होला जौन दाँत के भीतर खोखला कर देला। दाँत के सतह पर करिया, तिल के आकार के लउकsला। एह खाली जगह के चलते दांत के खोखला होखे के चलते दांत के टूटे के संभावना होखsला। एकरा संगे-संगे दांत में दर्द, मुंह से खून बहल अउर दांत के पीलापन जइसन लक्षण भी देखाई देवे लागsला। एह गुहा के हटावे आ छुटकारा पावे खातिर कुछ घरेलू उपाय अपनावल जा सकेला.

लौंग के तेल

दिन में 2 से 3बेर लौंग के तेल (Clove Oil) इस्तेमाल कइले से कैविटी ठीक होखले में मदद मिल सकsता। एह तेल के एंटीइंफ्लेमेटरी अउर एंटीबैक्टीरियल गुण दांत के सड़न दूर करे में कारगर ह, रूई में लौंग के तेल डालकर कैविटी वाले दांत पर सीधे लगावल जा सकsता।

अमरूद के पत्ता

एंटीमाक्रोबियल गुण से भरपूर अमरूद के पत्ता के कैविटी (Tooth Cavity) दूर करे में अच्छा मानल जाला। एह पत्तन के आप माउथवॉश के तरह इस्तेमाल कs सकतनी. माउथवाश खातिर अमरूद के पत्ता के छोट टुकड़ा में तूड़कर पानी में उबाल लेईं, एह पानी के आप कुल्ला कइले के काम में ले सकतनी।

लहसुन

मुंह के सेहत बनावल रखले अउर कैविटी से छुटकारा पावे खातिर लहसुन के इस्तेमाल कइल जा सकsता। लहसुन के आप अपने डाइट के हिस्सा बना सकतनी। एके रोजाना खाली पेट खइले से फायदा मिलsला। एकरे अलावा लहसुन (Garlic) के छोट-छोट टुकड़ा में कूट के कैविटी वाले दांत पर रखल भी जा सकsला।

अंडा के छिलका

अगर आप अंडा खातनी त दांत के कैविटी दूर करे खातिर अंडा से तैयार एह नुस्खा के इस्तेमाल भी क सकतनी। एकरे खातिर सबसे पहिले अंडा के छिलका धो के सुखा लेईं। एह छिलका के पीस के पाउडर बनाईं अउर एमें बेकिंग सोडा (Baking Soda) डालीं। एह तैयार मिश्रण के कुछ देर दांत पर घिसकर धो लेईं।

अस्वीकरण: सलाह सहित ई सामग्री खाली सामान्य जानकारी देला। ई कौनो भी तरह से योग्य चिकित्सा राय के विकल्प नाइ ह। अधिक जानकारी खातिर हमेशा कौनो विशेषज्ञ या अपने चिकित्सक से परामर्श करीं। खबर भोजपुरी एह जानकारी खातिर ज़िम्मेदारी के दावा नाइ करsला।

365270cookie-checkदांत के सड़न पर रामबाण इलाज के तरे काम करेला ई 4 चीज, इस्तेमाल कsके खुद देखीं असर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.