[the_ad_group id="30365"]

Bihar News: सीवान में 3 थाना के थानेदार बदलल गइले

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जहरीला शराब के चलते मौत के श्रृंखला बिहार में जारी बा। पुलिस भी तेजी से छापामारी करतिया। जहरीला शराब पीये वाला लोग के मरेवाला के संख्या शुक के अउरी बढ़ गइल। अबहीं तक सिवान जिला में 45 से अधिक लोग के मौत हो चुकल बा। पुलिस प्रशासन पऽ सवाल उठता कि जब बिहार में शराबबंदी से पहिले के बात रहे तऽ फेर जिला में शराब के कारोबार गैरकानूनी तरीका से कइसे फइलल। एक ओर मुख्यमंत्री नीतीश कुमार कड़ा कार्रवाई के निर्देश देले बाड़े, त दोसरा ओर सिवान के तीन थाना के एसएचओ में बदलाव कइल गइल बा।

सिवान में तीन थाना के एसएचओ बदल गइले

सिवान के तीन थाना के एसएचओ बदल दिहल गइल बा। जिरादेई, जामो बाजार आ मैरवा के थाना प्रभारी के बदल दिहल गइल बा। जिला के एसपी अमितेश कुमार ई फेरबदल कइले बाड़न। पुलिस अधीक्षक सिवान के निर्देश के मुताबिक अब मैरवा थाना के थानाध्यक्ष प्रमोद साह के थाना केन्द्र भेज दिहल गइल बा। जहां जीरादेई थाना के एसएचओ राकेश कुमार के मैरवा थाना के एसएचओ बनावल गइल बा। अभिनंदन यादव के जामो बाजार थाना के प्रभारी बनावल गइल बा। जबकि सोनी कुमारी के गुठनी थाना से हटा के अब जिरादेई थाना के प्रभारी बनावल गइल बा।

सिवान में जहरीली शराब के चलते मौत

बता दीं कि अब तक सिवान में जहरीला शराब के चलते 45 से जादा लोग के मौत हो चुकल बा, हालांकि प्रशासन 28 लोग के मौत के पुष्टि कऽ चुकल बा। जिला के भगवानपुरा, लकड़ीनवीगंज, बसंतपुर थाना समेत पूरा जिला के पुलिस फिलहाल अलर्ट मोड में बिया। पांच महिला समेत दर्जन भर से जादे लोग के गिरफ्तार कऽ लिहल गइल बा। मौत के लेके जब आक्रोश भइल तऽ पुलिस भी तेजी से छापामारी शुरू कऽ देलस। दियारा में शराब भट्टी तबाह गइल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]