[the_ad_group id="30365"]

Hajipur: हाजीपुर में पुलिस के बनावल गइल बंधक, युवक के मौत के बाद मचल बवाल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

हाजीपुर के महुआ थाना क्षेत्र के जलालपुर गगटी पंचायत वार्ड नंबर 6 में शराबी के पकड़े के दौरान एक आदमी के मौत हो गइल। मरेवाला के परिवार के लोग पुलिस पऽ पीट-पीट के हत्या करे के आरोप लगवले बाड़े। पुलिस के कहनाम बा कि, पकड़त घरी भागे के कोशिश करत घरी उऽ एगो गड्ढा में गिर गइले, जवना के चलते उनकर मौत हो गइल। घटना के बाद मौका पs अराजकता मच गईल।

घटना के बाद खिसियाइल लोग पुलिस पऽ हमला क देले

घटना के बाद खिसियाइल लोग पुलिस पऽ हमला कऽ देले। बहुत पुलिसकर्मी के बंधक बना लिहल गइल। खिसियाइल लोग पुलिस के गाड़ियो के  नुकसान पहुंचवले।

घटना के जानकारी मिलते महुआ के एसडीपीओ सुरभ सुमन, कई थाना के पुलिस अधिकारी भारी संख्या में पुलिस बल के संगे मौका प पहुंचली ल। एसडीपीओ सुरभ सुमन खिसियाइल लोग के समझे के कोशिश में लागल बाड़ी।

एसडीपीओ के हाथ जोड़त देखल गइल

एसडीपीओ कहली कि रउरा लोग के सगरी समस्या सुनल जाई आ ओकर समाधान होई। ए दौरान एसडीपीओ मौका पऽ हाथ जोड़ के लोग से निहोरा करत देखाई देली। मरेवाला के पहचान करहटिया निवासी स्वर्गीय महावीर पासवान के बेटा राजेन्द्र पासवान (50) के रूप में भईल बा।

इलाका में पुलिस डेरा डालत बा

घटना के बारे में स्थानीय लोग बतवले कि राजेन्द्र पासवान के बेटी के बियाह होखे जा रहल बा। उऽ बियाह के तैयारी के सामान खरीदे बाजार जात रहले। एही बीच पुलिस उनका के पकड़ के पीट-पीट के हत्या कऽ देलस। मौका पs मौजूद पुलिस अधिकारी के ओर से बंधक बना के राखल पुलिसकर्मी के बचावल गइल। एह दौरान सैकड़न गाँव के लोग जुट गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]