Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

यूजी अउरी पीजी में साइबर सुरक्षा के पढ़ाई अनिवार्य, यूजीसी के समिति बनवलस मसौदा

1,411
देश के सब उच्च शिक्षण संस्थान में शैक्षणिक सत्र 2022-23 में स्नातक अउरी स्नातकोत्तर प्रोग्राम में साइबर सिक्योरिटी के पढ़ाई अनिवार्य होई। स्नातक प्रोग्राम में साइबर सिक्योरिटी के बेसिक अउरी मिड लेवल के कोर्स पढ़ावल जाई, जेमें चार क्रेडिट रही।
स्नातकोत्तर प्रोग्राम में मिड अउरी एडवांस लेवल के पढ़ाई करे के होई। जेमे चार क्रेडिट होइहें। एकर मकसद, डिजिटल शिक्षा के दौर में छात्रन के साइबर ठगी के प्रति सावधान कइल, तकनीकी ज्ञान देहल अउरी साइबर सुरक्षा के क्षेत्र में विशेषज्ञ तैयार कइल बा। एहमें साइबर सुरक्षा के लीगल, सामाजिक, आर्थिक पहलू से भी अवगत करवावल जाई।
विश्वविद्यालय अनुदान आयोग (यूजीसी) के उच्च समिति एकर मसौदा तैयार कइले बा। एकरे अलावा उच्च शिक्षण संस्थान में डिजिटल हाइजिन पर आधारित सामान्य दिशा-निर्देश दर्शाती पुस्तिका भी तैयार कइल गइल बा। एहमें लिखल बा कि सूचना प्रौद्योगिकी में आइल क्रांति अउरी सुरक्षा से जुड़ल मामला के बढ़त मांग के देखत साइबर सुरक्षा के सख्त महसूस कइल जा रहल बा।

अइसन होई पाठ्यक्रम

यूजी प्रोग्राम में लेक्चर, टयूटोरियल, प्रैक्टिकल-प्रैक्टिस के आधार पर चार क्रेडिट मिली। एहमें साइबर सुरक्षा की सामान्य जानकारी, साइबर क्राइम अउर कानून, सोशल मीडिया अउर सुरक्षा, ई-कॉमर्स अउर डिजिटल पेमेंट, साइबर सुरक्षा में डिजिटल उपकरण अउर तकनीक आदि के बारे में पढ़ावल जाई। उहवें, स्नातकोत्तर प्रोग्राम में साइबर सिक्योरिटी मैनेजमेंट,  डाटा प्राइवेसी अउर डाटा सिक्योरिटी,साइबर लॉ, साइबर क्राइम आदि के बारे में पढ़ावल जाई।

छात्रन के एह विषयन के मिली जानकारी

साइबर स्पेस, वेब टेक्नोलॉजी, इंटरनेट सोसायटी, साइबर क्राइम, महिला अउर बचवन के कौने तरे से साइबर क्राइम से खतरा, कौने तरे  साइबर क्राइम होला, भारत में साइबर सुरक्षा पs आधारित मामले, हैशटैग, सोशल मीडिया में प्राइवेसी, इंटरनेट बैंकिंग, डिजिटल भुगतान, मोबाइल से भुगतान, आधार, डेबिट चाहे क्रेडिट कार्ड से भुगतान -सुरक्षा, मोबाइल फोन सिक्योरिटी, डाटा बैकअप, वाई-फाई सिक्योरिटी,  एंटी वायरस, साइबर अटैक, साइबर टेरिज्जम, साइबर वॉर, ऑनलाइन जॉब फ्राड, ट्रैफकिंग, ह्यूमन ट्रैफकिंग, जॉब स्कैम, चाइल्ड पोर्नोग्राफी, साइबर पुलिस स्टेशन, एआई चाहे एमआई , ब्लॉकचैन, साइबर क्राइम, सिक्योरिटी ऑडिट आदि शामिल बा।
349240cookie-checkयूजी अउरी पीजी में साइबर सुरक्षा के पढ़ाई अनिवार्य, यूजीसी के समिति बनवलस मसौदा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.