[the_ad_group id="30365"]

JPU: जय प्रकाश विश्वविद्यालय छपरा में फाइनल सेमेस्टर ओल्ड आ न्यू कोर्स के परीक्षा शेड्यूल जारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छपरा: जय प्रकाश विश्वविद्यालय के पीजी के फाईनल सेमस्टर सत्र 2018-2020 ओल्ड कोर्स आ सत्र 2019-2021 न्यू कोर्स के छात्रन के परीक्षा शिडियूल जारी कs दिहल गइल बा।

बता दीं कि दुनों सत्र के छात्रन के परीक्षा फार्म एक संगे भरल गइल रहे। विवि प्रशासन दुनो सत्र के छात्रन के परीक्षा एक संगे आयोजित करे के घोषणा पहिलही कs चुकल रहे। अइसन में बुध के परीक्षा शिडियूल जारी होखला के बाद परीक्षा के इंतजार में बइठल छात्र राहत के सांस लिहल लो। जेपीविवि के पीआरओ प्रो.हरिश्चंद्र एकर जानकारी देत कहलें कि पीजी ओल्ड आ न्यू कोर्स के छात्रन के थ्योरी पेपर के परीक्षा आवे वाला 11 जुलाई से 14 जुलाई तक विवि परिसर में आयोजित कइल जाई।

विवि परिसर में आयोजित होई परीक्षा

विवि परिसर इस्थित परीक्षा केन्द्र पs सीवान आ गोपालगंज जिला के सब पीजी कॉलेज आ विवि पीजी के छात्र परीक्षा में सामिल होई लो। परीक्षा में सारण प्रमंडल अंर्तगत सब पीजी कॉलेज आ विवि के पीजी विभाग से दुनो सेमेस्टर के मात्र 1925 परीक्षार्थी पीजी फाईनल सेमेस्टर के परीक्षा में सामिल होई लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]