Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सामुदायिक स्वास्थ्य केंद्र बेलघाट के हाल: महीना भर से नदारद बानें तीन डॉक्टर, रोकल गइल तनखाह

383

सामुदायिक स्वास्थ्य केंद्र (सीएचसी) बेलघाट में तैनात चार में से तीन डॉक्टर एक महीना से अस्पताल नाइ गइल बानें। उहवें, अधीक्षक भी बिना सूचना दिहलें नदारद बानें। अस्पताल में मरीजन के इलाज नाइ हो पा रहल बा। सीएमओ सबके तनखाह रोके के निर्देश दिहलें बानें।

सीएमओ डॉ. आशुतोष कुमार दुबे बतवलें कि सीएचसी में चार डॉक्टर तैनात बानें। सर्जन डॉ. अखिलेश सिंह अधीक्षक हवें। ऊ लेवल तीन के डॉक्टर हवें। एकरे अलावा स्त्री अउरी प्रसूति रोग विशेषज्ञ के तौर पs डॉ. विधि मिश्रा, फिजीशियन डॉ. रवि गुप्ता अउरी मेडिकल ऑफिसर डॉ. विशाल कुमार गुप्त के तैनाती रहल।

तीन डॉक्टर एक महीना से अस्पताल गइले ही नाइ। ई लोग छुट्टी पs गइले के कौनो सूचना विभाग के नाइ देहले बा। एकरे अलावा अस्पताल के अधीक्षक अउरी सर्जन डॉ. अखिलेश सिंह भी चार दिन से बगैर बतवलें अवकाश पर बानें। सब के तनखाह रोक दिहल गइल बा।

ओंने, सीएचसी सिंहोरिया से डॉ. विनोद कुमार प्रसाद के बेलघाट ट्रांसफर कइल गइल बा। उहों अभिन ले ज्वाइन नाइ कइले बानें।

319910cookie-checkसामुदायिक स्वास्थ्य केंद्र बेलघाट के हाल: महीना भर से नदारद बानें तीन डॉक्टर, रोकल गइल तनखाह

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.