सुपरस्टार सलमान खान के हत्या के साजिश के पर्दाफाश, 4 लोग गिरफ्तार, इs रहे लॉरेंस बिश्नोई के प्लान

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 1, 2024

  बॉलीवुड सुपरस्टार सलमान खान के हत्या के साजिश पर्दाफाश हो गइल बा. नवी मुंबई के पनवेल में सलमान खान के कार पs हमला करे के योजना रहे। नवी मुंबई पुलिस एह साजिश रचे वाला

Share

 

बॉलीवुड सुपरस्टार सलमान खान के हत्या के साजिश पर्दाफाश हो गइल बा. नवी मुंबई के पनवेल में सलमान खान के कार पs हमला करे के योजना रहे। नवी मुंबई पुलिस एह साजिश रचे वाला 4 गो आरोपियन के गिरफ्तार कs लिहले बिया.  सलमान के मारे खातीर पाकिस्तान से हथियार ले आवे के पड़ी। इहे योजना कुख्यात गुंडा लॉरेंस बिश्नोई के रहे।

मिलल जानकारी के मुताबिक लॉरेंस बिश्नोई गिरोह नवी मुंबई के पनवेल में सलमान खान के कार पs हमला करे के योजना बनवले रहे। एकरा खातिर पाकिस्तान के एगो हथियार आपूर्तिकर्ता से हथियार खरीदे के योजना रहे| नवी मुंबई पुलिस एs मामला में प्राथमिकी दर्ज कs 4 लोग के गिरफ्तार कs लेले बिया।

पनवेल में वाहन पs हमला करे के योजना बा

मुंबई से सटल नवी मुंबई के पनवेल पुलिस 4 लोग के गिरफ्तार कईले बिया। दावा कईल जाता कि इs लोग लॉरेंस बिश्नोई गिरोह के रहले अवुरी इs लोग पनवेल में सलमान खान के गाड़ी पs हमला करे के योजना बनवले रहले। एकरा खातिर पाकिस्तान के एगो हथियार आपूर्तिकर्ता से हथियार खरीदे के योजना रहे| नवी मुंबई पुलिस एs मामला में प्राथमिकी दर्ज कs 4 लोग के गिरफ्तार कs लेले बिया। कोर्ट सभ आरोपी के 14 दिन खातीर न्यायिक हिरासत में भेज देले बिया। पुलिस मामला के छानबीन में जुटल बिया।

पुलिस एs मामला में आईपीसी के धारा 115, 120(बी) अवुरी 506(2) के तहत प्राथमिकी दर्ज कईले बिया। एs प्राथमिकी में पुलिस लॉरेंस बिश्नोई, अनमोल बिश्नोई, संपत नेहरा, गोल्डी बरार, अजय कश्यप उर्फ़ धनंजय तपेसिंह, रोकी शूटर, सतीश कुमार, सूखा शूटर, संदीप बिश्नोई उर्फ गौरव भाटिया, रोहित गोधरा, वसीम चीना, डोगर, सिंतु कुमार, विशाल कुमार, संदीप सिंह, रियाज़ उर्फ़ चंदू, कमलेश शाह, वगैरह पs आरोप लगावल गइल बा.

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.