साइबर ठग टूरिस्ट गाइड समेत दु गो से धोखाखड़ी कऽ के अइठलें 41 लाख

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 1, 2024

यूपी के वाराणसी में दू लोग से साइबर धोखाधड़ी के एगो नया मामला सामने आइल बा। सारनाथ के टूरिस्ट गाइड ज्योति चौबे अउरी रोहनिया के अखरी-करहुआ निवासी पवन कुमार से भारी मुनाफा के वादा कऽ

Share

यूपी के वाराणसी में दू लोग से साइबर धोखाधड़ी के एगो नया मामला सामने आइल बा। सारनाथ के टूरिस्ट गाइड ज्योति चौबे अउरी रोहनिया के अखरी-करहुआ निवासी पवन कुमार से भारी मुनाफा के वादा कऽ के 40 लाख 91 हजार 188 रूपिया अइठ लिहल गइल। ज्योति के 28 लाख 51 हजार 188 रुपया अउरी पवन के 12 लाख 40 हजार रुपया साईबर गुंडन के हाथ में बा। दुनो पीड़ित के शिकायत के आधार पs साइबर थाना मामला दर्ज कऽ के जांच शुरू कऽ देले बा।

साइबर थाना में दिहल शिकायत में ज्योति चौबे बतवली कि 10 जुलाई के उनका मोबाइल पs वीआईपी व्हाट्सएप लिंक एडवाइजरी ग्रुप के मैसेज आइल रहे। उऽ क्लिक कऽ के लिंक पढ़ले, जेकरा बाद आदित्य शर्मा फोन कऽ के 20 प्रतिशत से 800 प्रतिशत तक के मुनाफा देवे के वादा कऽ के कुल 28 लाख 51 हजार 188 रुपया छोट रकम में जमा करा लेले।

एकरा बाद कहल गइल कि रउरा ब्लैक रॉक कंपनी के रजिस्टर्ड निवेशक बन गइल बानी। एहसे कंपनी कवनो इक्विटी बाजार में निवेश कऽ सकेले। 20 सितंबर के जब ज्योति आपन निवेशित पइसा मंगले तऽ आदित्य शर्मा उनका से मोबाइल चैट अउरी फोन पs बतवले कि दस्तावेज के प्रक्रिया अभी जारी बा आ एकरा में समय लागी। एकरा बाद जब शक भइल तऽ गूगल पs उक्त कंपनी के बारे में खोज कइनी तऽ पता चलल कि हमरा के धोखा दिहल गइल बा। एही तरे पवन कुमार के संगे ठगी भइल।

फेसबुक पर ऑनलाइन मार्केटिंग खातिर एगो लिंक मिलल, जवना पs हम एगो अकाउंट खोलनी आ आसना नांव के एगो औरत से बात कइनी। शुरू में छोट-छोट ट्रेडिंग क के पइसा वापस मिलत रहे, लेकिन जब हम 12 लाख 40 हजार रुपया लगा देनी तऽ सब कुछ खतम हो गइल।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.