बीए-एलएलबी के पहिला बरिस में अडमीशन छह सितंबर से, गोरखपुर विश्वविद्यालय के जारी भइल कट ऑफ

कुमार आशू

गोरखपुर विश्वविद्यालय में बीए-एलएलबी (पांच वर्षीय) पाठ्यक्रम में अडमिशन छह सितंबर से विधि संकाय में होई। विश्वविद्यालय प्रशासन अडमिशन खातिर कट ऑफ के संगही काउंसिलिंग के कार्यक्रम जारी कs देहले बा। अभ्यर्थी, विश्वविद्यालय के वेबसाइट पर कट ऑफ देख सकताड़े।

विधि संकाय के अध्यक्ष प्रो. अहमद नसीम बतवलें कि अनारक्षित वर्ग के अडमिशन प्रक्रिया 6 अउरी 7 सितंबर के होई। अन्य पिछड़ा वर्ग, अनुसूचित जाति अउरी अनुसूचित जनजाति के अडमिशन आठ सितंबर के होई।

उ बतवलें कि अभ्यर्थियन के अपने समस्त शैक्षणिक दस्तावेज के मूल प्रति अउरी दू-दू फोटो कॉपी लावल जरूरी बा। एकरे संगही प्रवेश के समय अभ्यर्थी के वित्त अधिकारी, दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के पक्ष में 38 हजार रूपया के डिमांड ड्राफ्ट ले के आवे के होई।

बीकॉम प्रथम सेमेस्टर : 02 सितंबर

(10:00-02:00 बजे ले) – प्रतीक्षा सूची- अनारक्षित- 118 अंक
प्रतीक्षा सूची – अन्य पिछड़ा वर्ग -102 अंक
अनुसूचित जनजाति- 64 अंक
(प्रतीक्षा सूची/ मुख्य सूची – विशेष संवर्ग भूतपूर्व सैनिक पाल्य- उपलब्ध सीटों पर वरीयता क्रम से)

बीकॉम बैकिंग एंड इंश्योरेंस

3 सितंबर- (11-2 बजे) अनारक्षित- 104 अंक

Share This Article