Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

साँझ के 10 बड़ खबर

479
Google Ads 300*250 for posts
  1.  बिहार: कार्तिक कुमार के अग्रिम जमानत याचिका खारिज: अपहरण केस में कबो हो सकेला गिरफ्तारी; CM बोलले- पहिलही जानकारी रहे, एहिसे इस्तीफा लिहल गइल।
  2. एके दिन आ एके पाली में होई BPSC पीटी परीक्षा: मुख्य सचिव आ मुख्यमंत्री के बैठक के बाद फसीला। 21 सितंबर के होई परीक्षा।
  3. उत्तर प्रदेश: बरेली के सेटेलाइट बस स्टेशन से  रोडवेज के बस चोरी होखला से हड़कंप, बदायूं के दातागंज में 8 घण्टा बाद मिलल बस।
  4. उत्तर प्रदेश: बीजेपी प्रदेश अध्यक्ष भूपेंद्र सिंह पीएम मोदी से मुलाकात कइलें। भाजपा प्रदेश अध्यक्ष बनावल गइला खातिर प्रधानमंत्री के आभार व्यक्त कइलें।
  5. झारखंड: झारखंड में सियासी संकट; महागठबंधन राज्यपाल से कहलस- CM पs फसीला सुनावल जाव, गवर्नर बोलले- 1-2 दिन में कानूनी सलाह से इस्तिथी स्पस्ट कs देब।
  6. डी गैंग पs 90 लाख के इनाम: NIA पहिला बेर सभे के ताजा फोटो जारी कइलस, बाकिर दाऊद के उहे पुरान तस्वीर मिलल।
  7. सुशील मोदी के मिल सकेला बिहार भाजपा के कमान: सुशील आ नीतीश के दोस्ती बहुते पुरान हs, दूनो एक दूसरा के खिलाफ बहुत ना जाई लो।
  8. अंकिता के हत्या के आरोपी नईम पs खुलासा: नाबालिग बोलल- हमरो के दुबई में बेंचे के धमकी देलस, धर्म बदले के दबाव बनावत रहल।
  9. किशोर कुमार के बंगला में रेस्टोरेंट खोलिहे विराट कोहली: किशोर दा के फैमिली के संगे डील फाइनल, 5 साल खातिर लीज पs लेले बंगला।
  10. टी-20 वर्ल्ड कप खातिर ऑस्ट्रेलिया के टीम के ऐलान: सिंगापुर के टीम डेविड टीम के हिस्सा, भारत के दौरा पs ना अइहे वार्नर।
319070cookie-checkसाँझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.