[the_ad_group id="30365"]

IND vs AUS Test: एडिलेड डे-नाइट टेस्ट से पहिले ऑस्ट्रेलिया के झटका, हेजलवुड बाहर

जोश हेजलवुड - फोटो : PTI
[the_ad_placement id="above-content"]

Share


एडिलेड में छव दिसंबर से खेलल जाये वाला दूसरका टेस्ट से पहिले ऑस्ट्रेलियाई टीम के बड़ झटका लागल बा। तेज गेंदबाज जोश हेजलवुड चोट के वजह से एह मुकाबला से बाहर हो गइल बा। दूसरका टेस्ट एगो डे-नाइट मैच होई आ हेजलवुड अपना लाइन लेंथ के वजह से घातक साबित हो सकत रहे। हालांकि, अब उनका बाहर होखला से ऑस्ट्रेलियाई टीम के बहुते नुकसान होई। ई पहिला बेर हs जब हेजलवुड अपना करिअर के सुरुआत के बाद से घर में भारत के खिलाफ कवनो टेस्ट मैच मिस करिहें।

हेजलवडु ऑस्ट्रेलियाई टीम के साथ - फोटो : Twitter
हेजलवडु ऑस्ट्रेलियाई टीम के साथ – फोटो : Twitter


ओहिजा, सिडनी में 2015 में खेलल गइल भारत-ऑस्ट्रेलिया मुकाबला के बादो ई पहिला बेर होई (एडिलेड में), जब ऑस्ट्रेलिया अपना घर में कवनो बॉर्डर गावस्कर ट्रॉफी टेस्ट में मैदान पs हेजलवुड, मिचेल स्टार्क, पैट कमिंस आ नाथन लियोन में से केहू एक के बिना उतरी। एडिलेड टेस्ट से पहिले दुनो भारत के खिलाफ लगातार नव टेस्ट मैचन के हिस्सा रहल रहस। हेजलवुड के जगह दुगो अनकैप्ड पेसर्स के ऑस्ट्रेलियाई टीम में सामिल कइल गइल बा। ऑलराउंडर शॉन एबॉट आ ब्रैंडन डोगेट के स्क्वॉड में सामिल कइल गइल बा।

डोगेट आ एबॉट – फोटो : Twitter


एबॉट आ डोगेट दुनों शेफील्ड शील्ड में प्रभावशाली प्रदर्शन के दम पs टीम में चुनल गइल बा। पिछलका कुछ समय से टेस्ट स्क्वॉड के हिस्सा रहल एबॉट शेफील्ड शील्ड के अंतिम दौर में सिडनी क्रिकेट ग्राउंड में तस्मानिया के खिलाफ 16 ओवर में 71 रन देके चार विकेट चटकवले रहस। उनका नाम पs 261 प्रथम श्रेणी विकेट दर्ज बा। ओहिजा, डोगेट हाले में पश्चिमी ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ फाइफर हासिल कइले रहस। एही के संगे तीन शेफील्ड शील्ड मुकाबलन में उनका विकेटन के संख्या 11 हो गइल रहे। ऊ मैके में भारत ए के खिलाफ अन-ऑफिशियल मैच में 15 रन देके छव विकेट लेके अपना करिअर के सर्वश्रेष्ठ गेंदबाजियो कइले रहस।

एबॉट आ डोगेट – फोटो : Twitter


दुनो अनकैप्ड तेज गेंदबाज पहिलहूं ऑस्ट्रेलियाई टेस्ट टीम के हिस्सा रह चुकल बा लो, बाकिर कबो खेले के मवका ना मिलल। डोगेट 2018 में पाकिस्तान के खिलाफ सीरीज के दौरान यूएई में खेलल गइल मैच में आ एबॉट 2020-21 में भारत के खिलाफ घरेलू सीरीज के दौरान ऑस्ट्रेलियाई टीम के हिस्सा रहल रहस। संगही ऊ पिछला साल एशेज के दौरान ऑस्ट्रेलियाई स्क्वॉड के हिस्सा रहल रहस। एकरा पहिले ऑस्ट्रेलियाई ऑलराउंडर मिचेल मार्श चोटिल हो गइल रहस। उनका जगह पेस बॉलिंग ऑलराउंडर ब्यू वेबस्टर के कवर के तौर पs सामिल कइल गइल रह

दूसरका टेस्ट खातिर ऑस्ट्रेलियाई टीम: पैट कमिंस (कप्तान), स्कॉट बोलैंड, एलेक्स कैरी (विकेटकीपर), ट्रेविस हेड, जोश इंग्लिस, उस्मान ख्वाजा, मार्नस लाबुशेन, नाथन लियोन, नाथन मैकस्वीनी, स्टीव स्मिथ, मिशेल स्टार्क, मिचेल मार्श (फिटनेस के अधीन), ब्यू वेबस्टर, शॉन एबॉट आब्रैंडन डोगेट।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]