डुअल डिस्प्ले के संगे भारत में लॉन्च भइल Nokia 2660 Flip 4G फोन, जानीं का बा कीमत
Nokia ब्रांड पर मालिकाना हक रखे वाली कंपनी HMD Global भारत में आपन लेटेस्ट 4G VoLTE फीचर फोन – Nokia 2660 Flip लॉन्च कs देहलें बा।
ई फीचर फोन अपने फ्लिप डिजाइन के साथ अउरी खास हो जाला, जौन माइक्रोफोन अउर ईयरपीस के लग्गे लेअवते, कॉलिंग अनुभव के बेहतर बनावेला।
त आईं जानल जाव Nokia के एह नया फ्लिप फोन के सब विशेषता, कीमत अउर उपलब्धता से जुड़ल जानकरियन के बारे में विस्तार से;
विशेषता
डुअल सिम कार्ड स्लॉट वाले Nokia 2660 में आपके 2.8 इंच के मुख्य डिस्प्ले अउरी 1.77 इंच के QQVGA सेकेंडरी डिस्प्ले पैनल दिहल गइल बा।
ई फ्लिप फोन Unisoc T107 Soc चिपसेट से लैस बा। सथही एहमें 48MB के RAM अउर 128MB के इंटरनल स्टोरेज देहल जा रहल बा जेके माइक्रोएसडी कॉर्ड के मदद से 32GB ले बढ़ावल जा सकsता।
एकरा अलावे ए फोन के पीछे 0.3 मेगापिक्सल के कैमरा अवरू एलईडी फ्लैश भी बा। एह में रउआ वीडियो रिकार्डिंग भी कर सकेनी।
ए फ्लिप फोन में 1,450mAh के रिमूवेबल बैटरी दिहल जा रहल बा। एकरा अलावे ए फोन में ब्लूटूथ 4.2, जीपीआरएस, 3.5 मिमी हेडफोन जैक अवरू माइक्रो यूएसबी (यूएसबी 2.0) पोर्ट भी बा।
जईसे कि हमनी के पहिले बतवले बानी जा कि नोकिया 2660 फोन 4G VoLTE के सपोर्ट करेला, संगही HAC (Hearing Aid Compatibility) अउरी वैकल्पिक नोकिया चार्जिंग भी दिहल गईल बा।
ए फोन के कीमत ₹3,999 बा अउरी एकरा के अमेजन अउरी नोकिया ऑनलाइन स्टोर के माध्यम से देश भर के ऑफलाइन रिटेल स्टोर के संगे खरीदल जा सकsता। ए डिवाइस के प्रमुख आकर्षण इ बा कि इ एगो क्लासिक फीचर फोन बा जवन कि 4जी कनेक्टिविटी के संगे बा। नोकिया के दावा बा कि, एक बेर बैटरी चार्ज कईला प ए हैंडसेट के स्टैंडबाई टाइम 27 दिन तक बा।
Comments are closed.