फॉर्च्यून लिस्ट: दुनिया के 100 ताकतवर उद्योगपतियन में मुकेश अंबानी इकलौता भारतीय, सत्या नडेला-पिचाई सामिल

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 14, 2024

रिलायंस इंडस्ट्रीज के चेयरमैन मुकेश अंबानी दुनिया के 100 ताकतवर कारोबारियन में सामिल बाड़ें। अंबानी ‘फॉर्च्यून मैगजीन’ के पावरफुल बिजनेसमैन 2024 के सूची में सामिल होखे वाला अकेला भारतीय हवे। एमे भारतीय मूल के आउर

Share

मुकेश अंबानी - फोटो : ANI

रिलायंस इंडस्ट्रीज के चेयरमैन मुकेश अंबानी दुनिया के 100 ताकतवर कारोबारियन में सामिल बाड़ें। अंबानी ‘फॉर्च्यून मैगजीन’ के पावरफुल बिजनेसमैन 2024 के सूची में सामिल होखे वाला अकेला भारतीय हवे। एमे भारतीय मूल के आउर छव लोग सामिल बा, जे बिदेस में बसल बा। ई लोग बड़ बेवसायन के संस्थापक, मुख्य कार्यकारी आ नवप्रवर्तक बा।

फॉर्च्यून के सूची में 12वां स्थान पs अंबानी

फॉर्च्यून हाले में एह सूची के जारी कइले बा। एमे अंबानी के 12वां स्थान पs रखल गइल बा। फॉर्ब्स के मोताबिक, अंबानी एशिया आ भारत के सबसे अमीर शख्स बाड़ें, जेकर कुल संपत्ति करीब 7.6 लाख करोड़ रुपिया (98 अरब डॉलर) बा। रिलायंस इंडस्ट्रीज के बाजार पूंजी (मार्केट कैप) 13 नवंबर 2024 तक 16.96 लाख करोड़ बा। रिलायंस इंडस्ट्रीज पेट्रोकेमिकल्स, रिटेल, एंटरटेनमेंट, टेलीकॉम आ आउर क्षेत्रन में काम कs रहल बिया।

अंबानी परिवार अगिला पीढ़ी के अपना बेयपार साम्राज्य के उत्तराधिकारी बनावे के दिसा में काम कs रहल बा। उनकर बड़ बेटा आकाश अंबानी रिलायंस जियो के चेयरमैन हवे। छोट बेटा अनंत अंबानी उर्जा क्षेत्र में काम कs रहल बाड़ें। जबकि बेटी ईशा अंबानी रियालंस रिटेल के नेतृत्व कs रहल बाड़ी। रिलायंस रिटेल 14 नवंबर के अपना फैशन स्टोर केंद्रन के अस्थायी रूप से बंद करे के एलान कइलस। देसभर में कुल 33 फैशन स्टोर केंद्र बा। हालांकि, ई खाली अस्थायी रूप से बंद बा। रिपोर्ट्स के मोताबिक, नवंबर के अंत तक रिलायंस रिटेल 20 से जादे स्टोर बंद कs सकत बिया।

कवना स्थान पs के अमीर कारोबारी

दुनिया के सबसे अमीर कारोबारी एलन मस्क पहिला तs एनवीडिया के सीईओ जेन्सेन हुआंग दूसरका नंबर पs काबिज बाड़ें। सत्या नडेला तीसरा, वॉरेन बफे चउथा आ जेमी डीमन पांचवां पायदान पs बाड़ें। टिम कुक के सूची में छउवां स्थान मिलल बा। मार्क जुकरबर्ग सातवां आ सैम अल्टमन आठवां सबसे पावरफुल बिजनेसमैन बा लो। मैरी बारा आ सुंदर पिचाई क्रमश: 9वां आ 10वां स्थान पs बा। 11वां पायदान पs अमेजन के जेफ बेजोस बाड़ें।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.