Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बनारस के एगो शिव मंदिर में रखल मिलल आपत्तिजनक वस्तु, कलश अउरी शिवलिंग भी छतिग्रस्त

416

वाराणसी के चोलापुर से एगो हैरान करे वाला खबर आइल बा। चोलापुर थाना क्षेत्र के रजला स्थित अति प्राचीन शिवमंदिर में केहू आपत्तिजनक समान रख देहलें बा। एकर जानकारी होखला के बाद से ग्रामीणन में बहुत नाराजगी बा। सूचना पा के मौका पर पहुंचल पुलिस आपत्तिजनक वस्तुअन के निकलववलस।

हर दिन के तरे सोमार साँझ के शिवमंदिर में दर्शन करे गइल ग्रामीण लोग देखल कि कलश अउर शिवलिंग के छतिग्रस्त कर ओकरे लग्गे आपत्तिजनक सामान रख देहल गइल बा। तुरंत एकर सूचना पुलिस के देहल गइल। ग्रामीण लोग चेतावनी देहल कि अगर पुलिस एह मामले में कार्रवाई नाइ करी त प्रदर्शन कइल जाई। शिवलिंग भी खंडित बा जेके लेके लोग में नाराजगी बा।

310830cookie-checkबनारस के एगो शिव मंदिर में रखल मिलल आपत्तिजनक वस्तु, कलश अउरी शिवलिंग भी छतिग्रस्त

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.