UP: जमीन खातिर दू परिवारन में खूनी संघर्ष, बड़ भाई के कत्ल

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 20, 2024

एतवार के सबेरे फिरोजाबाद के शिकोहाबाद के गांव अरोंज गढ़िया में जमीन के बंटवारा के लेके दुगो भाई के बीच झगड़ा भइल। दुनु के परिवार के लोग लाठी से आमने सामने आ गइले। खूब हंगामा

Share

एतवार के सबेरे फिरोजाबाद के शिकोहाबाद के गांव अरोंज गढ़िया में जमीन के बंटवारा के लेके दुगो भाई के बीच झगड़ा भइल। दुनु के परिवार के लोग लाठी से आमने सामने आ गइले। खूब हंगामा हो गइल। एह दौरान छोट भाई बड़ भाई के हत्या कऽ दिहलस।

गिरीश बाबू आ माया प्रकाश असल भाई हउवें। बतावल जाता कि खेत के बंटवारा के लेके सबेरे से दुनो के बीच विवाद रहे। एह घटना में दुनो ओर लाठी अउरी सरिया के इस्तेमाल भइल। एह घटना के बाद पुलिस गांव पहुंच के चार लोग के इलाज खातिर जिला संयुक्त अस्पताल ले आइल। जहां डाक्टर गिरीश बाबू के मरल घोषित कऽ देले।

मरेवाला के बेटा रामनरेश अवुरी शुभ नरेश के संगे-संगे छोट भाई के बेटा भूपेंद्र उर्फ रामू के अस्पताल में इलाज चलता। पुलिस लाश के पोस्टमार्टम खातिर मेडिकल कॉलेज फिरोजाबाद भेज देले बिया।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.