[the_ad_group id="30365"]

सिद्धू मूसेवाला हत्याकांड: दिल्ली पुलिस लॉरेंस बिश्नोई के रिमांड पs लेलस, 5 दिन करी पूछताछ

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मशहूर पंजाबी सिद्धू मूसेवाला हत्याकांड में शामिल बतावल जा रहल गैंगस्टर लॉरेंस बिश्नोई के दिल्ली पुलिस के स्पेशल सेल 5 दिन के रिमांड में ले लेले बिया। स्पेशल सेल बिश्नोई के तिहाड़ जेल से पूछताछ खातिर ले गइल। बता दीं कि गैंगस्टर तिहाड़ जेल के स्पेशल सेल में बंद रहे। एकरा पहिले लॉरेंस बिश्नोई आपन सुरक्षा पुख्ता करे आ ओकरा के दिल्ली के तिहाड़ जेल से बाहर ना भेजे के लेके दिल्ली हाईकोर्ट में याचिका दायर कइले रहे।

तिहाड़ जेल के सूत्रन के मोताबिक आज दुपहरिया के स्पेशल सेल के टीम लॉरेंस बिश्नोई से पूछताछ कइलस आ एगो पुरान केस में ओकरा के जेल से लेके गइल आ कोर्ट में ओकर कस्टडी एप्लाई कइलस। अब लॉरेंस बिश्नोई स्पेशल सेल के कस्टडी में बा, लॉरेंस के नाम पंजाबी सिंगर के हत्या से जुड़ल बा। एह केस में अब लॉरेंस से स्पेशल सेल कस्टडी में पूछताछ करी। एकरा अलावे काला जठेड़ी आ काला राणा पहिलही से स्पेशल सेल के कस्टडी में कवनो आउर केस में बाड़े सs। दिल्ली पुलिस के स्पेशल सेल अब तीनों से पूछताछ करी।

साभार: हिंदुस्तान

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]