[the_ad_group id="30365"]

मुंबई हमला के गुनहगार अब्दुल रहमान मक्की के मउत, आतंकी संगठन जमात-उद-दावा के रहे डिप्टी चीफ

अब्दुल रहमान मक्की के मउत
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मुंबई आतंकी हमला के दोषी आ प्रतिबंधित आतंकी संगठन जमात-उद-दावा के डिप्टी चीफ हाफिज अब्दुल रहमान मक्की के मउत हो गइल बा. बतावल जाता कि मक्की के मउत हार्ट अटैक के चलते भईल बा। पाकिस्तानी मीडिया के मुताबिक हाफ़िज़ अब्दुल रहमान मक्की के दिल के दौरा पड़ले से मउत हो गईल बा।   

जमात-उद-दावा के डिप्टी चीफ रहे मक्की
जानकारी के मुताबिक मक्की मुंबई के आतंकी हमला के मास्टरमाइंड हाफिज सईद के रिश्तेदार अवुरी प्रतिबंधित जमात-उद-दावा के उप चीफ रहली। जमात-उद-दावा (जेयूडी) के मुताबिक, प्रोफेसर अब्दुल रहमान मक्की पछिला कुछ दिन से बेमार रहले अवुरी उनुकर इलाज लाहौर के एगो निजी अस्पताल में होखता। 

सजा साल 2020 में सुनावल गईल रहे
जेयूडी के एगो अधिकारी बतवले कि मक्की के आज सबेरे दिल के दौरा पड़ल अवुरी उs अस्पताल में अंतिम सांस लेले। जेयूडी प्रमुख हाफिज सईद के रिश्तेदार मक्की के 2020 में आतंकवाद के वित्तपोषण के मामला में आतंकवाद विरोधी अदालत 6 महीना के जेल के सजा सुनवले रहे। मक्की जेयूडी के डिप्टी चीफ रहले अवुरी आतंकवाद के मामला में सजा मिलला के बाद उनुका पs जादे चर्चा ना भईल।

बता दीं कि लश्कर-ए-तैयबा आतंकवादी 26 दिसंबर 2008 के मुंबई पs हमला कइले रहले. जवना में सौ से अधिका लोग के मउत हो गइल. अप्रैल में सोशल मीडिया पs अफवाह फैलल रहे कि मास्टरमाइंड हाफिज सईद के भी बेमारी के चलते अस्पताल में भर्ती करावल गइल रहे.

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: गर्दन के समस्या से बानी परेसान, तs रोजे करीं इs Exercise

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]