Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

एके सुई से लगा देलस 30 गो बच्चन के COVID-19 वैक्सीन, पुछला पs शख्स बोललस- एमे हमार का गलती??

5,566

एके सुई से लगा देलस 30 गो बच्चन के COVID-19 वैक्सीन, पुछला पs शख्स बोललस- एमे हमार का गलती??

Man Vaccinated 30 Students With one Syringe In Madhya Pradesh: मध्य प्रदेश के सागर में एगो चौंकावे वाला ममिला सामने आइल बा। इहां टीका लगावे वाला जितेंद्र नाव के शख्स एके सिरिंज से 30 गो छात्रन के वैक्सीन लगा देलस।

ई घटना बीतल बुध के भइल। टीका लगावे वाला जितेंद्र दावा कइलस कि अधिकारियन द्वारा खाली एगो सिरिंज भेजल गइल रहे आ ओकरा के विभाग के प्रमुख द्वारा सभे बच्चन के एकरा से टीकाकरण करे के आदेश दिहल गइल रहे। छात्रन के माई-बाबुजी द्वारा रिकॉर्ड कइल गइल एगो वीडियो में जितेंद्र कहलस कि ऊ उनकर नाव नइख जानत।

एके गो सीरिंज से लगा  देलस 30 छात्रन के वैक्सीन

डिस्पोजेबल सीरिंज जवना के खाली एक बेर इस्तेमाल कइल जाला। 1990 के दशक से एचआईवी फइलला के बाद से डिस्पोजेबल सीरिंज यूज कइल जाये लागल रहे। चिंतित माई-बाबूजी द्वारा मौका पs रिकॉर्ड कइल गइल एगो वीडियो में जितेंद्र के ई कहत सुनल जा सकता बा, ‘जवन आदमी सामान बटलस, ऊ खाली एगो सिरिंज देलस।’

घटना के बाद एह ममिला में सुरू हो गइल जांच

ई पूछला पs कि का ओकरा पता बा कि एके सिरिंज के इस्तेमाल कइयन लोगन के इंजेक्शन लगावे खातिर ना होखे के चाहीं, जितेंद्र कहलस, ‘हमरा ई पता बा। इहे वजह बक़ कि हम उनका से पूछनी कि का हमरा खाली एगो सिरिंज के इस्तेमाल करे के बा आ ऊ कहले ‘हs’। ई कइसे हमार गलती बा? हम उहे कइनी जवन हमरा के करे खातिर कहल गइल रहे।’ सागर जिला प्रशासन जितेंद्र के खिलाफ लापरवाही आ केंद्र सरकार के ‘वन निडिल, वन सिरिंज, वन टाइम’ प्रतिज्ञा के खुलहा तौर पs उल्लंघन करे खातिर प्राथमिकी दर्ज कइले बा।

कोविड टीकाकरण शिविर के दौरान भइल घटना

सबेरे वैक्सीन आ आउर जरूरी सामान भेजे के प्रभारी जिला टीकाकरण अधिकारी डॉ. राकेश रोशन के खिलाफ में विभागीय जांच सुरू कs दिहल गइल बा। ई घटना सागर शहर के जैन पब्लिक हायर सेकेंडरी स्कूल में स्कूली बच्चन खातिर एगो कोविड टीकाकरण शिविर के दौरान भइल। ई देखत कि बच्चन के एके सिरिंज से टीका लगावल जा रहल बा, माता-पिता शिकायत कइल लो। प्रभारी कलेक्टर क्षितिज सिंघल तत्काल मुख्य चिकित्सा आ स्वास्थ अधिकारी के निरीक्षण करे के निरदेस देले। ओइसे, निरीक्षण के दौरान जितेंद्र मवजूद ना रहे। सूत्र लो कहल कि घटना के सोझा अइला के बाद से ओकर फोन स्विच ऑफ रहे।

साभार: ज़ी न्यूज़

302200cookie-checkएके सुई से लगा देलस 30 गो बच्चन के COVID-19 वैक्सीन, पुछला पs शख्स बोललस- एमे हमार का गलती??

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.