मनी लांड्रिंग के मामला में दिल्ली के स्वास्थ्य मंत्री सत्येंदर जैन के प्रवर्तन निदेशालय के ओर से गिरफ्तार कईला के बाद आज भारतीय जनता पार्टी एगो प्रेस कॉन्फ्रेंस के माध्यम से दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल से 10 सवाल पूछलस।
ई प्रेस कांफ्रेंस केंद्रीय मंत्री स्मृति ईरानी कइले रहीं आ तमाम सवाल का साथे ऊ केजरीवाल से बेबाकी से पूछली, का रउरा देश के गद्दारन के आश्रय देत बानी. स्मृति कहली कि आप कहले बानी कि भ्रष्टाचार करे के मतलब देश के संगे धोखा कईल बा। अयीसना में सत्येन्द्र जैन जईसन भ्रष्टाचारी के बचा के का आप देश के गद्दार के शरण देतानी?
केंद्रीय मंत्री कहले कि, दिल्ली के मुख्यमंत्री अवुरी आम आदमी पार्टी के नेता अरविंद केजरीवाल जी काल्ह एगो भ्रष्टाचारी के क्लीन चिट देले। उ अपना प्रेस संबोधन में घोषणा कईले कि सतेन्द्र जैन प लागल आरोप सभ तथ्य से बहुत दूर बा। केजरीवाल खुद जज काहे बनत बाड़े? अरविंद केजरीवाल सार्वजनिक अदालत में सतेन्द्र जैन के बरी क दिहले. त आज हम कुछ सवाल पूछे खातिर मजबूर बानी।
स्मृति ईरानी आगे सवाल उठवली, हमार पहिला सवाल बा अरविंद केजरीवाल जी से, का उ सफाई दे सकतारे कि सतेन्द्र जैन अपना परिवार के सदस्य के माध्यम से 4 गो शेल कंपनी के 16.39 करोड़ रुपया देले बाड़े, 56 गो शेल कंपनी के माध्यम से मनी लांड्रिंग के माध्यम से, हवाला संचालक के संगे मिल के चाहे ना, 2010-16 तक के बा।