मोटोरोला के बजट फोन Moto E32s भइल लॉन्च, एंड्रॉयड 12 मिली 

Anurag Ranjan

मोटोरोला के नाया फोन Moto E32s के लॉन्च कs दिहल गइल बा। मोटोरोला के ई सीरीज के ई नाया फोन हs। Moto E32s के फिलहाल ग्लोबल मार्केट में पेश कइल गइल बा। Moto E32s में 90Hz रिफ्रेश रेट आला डिस्प्ले दिहल गइल बा। एकरा आलावे  Moto E32s में तीन गो रियर कैमरा बा। Moto E32s के संगे आउट ऑफ बॉक्स एंड्रॉयड 12 मिली। Moto E32s के जल्दिये भारत में लॉन्च कइल गइला के उम्मीद बा।

Moto E32s के कीमत

Moto E32s के कीमत 149.99  यूरो माने लगभग 12,400 रुपिया बा। फोन के बिक्री यूरोप के कुछ देशन में मिस्टी सिल्वर आ स्लेट ग्रे कलर में हो रहल बा। एगो लीक रिपोर्ट के मोताबिक Moto E32s के भारत में 27 मई के लॉन्च कइल जाई। बता दीं कि एह महीना के शुरुआत में Moto E32 के 149 यूरो माने करीब 12,300 रुपिया कीमत पs लॉन्च कइल गइल बा।

Moto E32s के स्पेसिफिकेशन
Moto E32s में एंड्रॉयड 12 के संगे  My UX मिली। एकरा आलावे एमे 6.5 इंच के HD+ डिस्प्ले बा जेकर रिफ्रेश रेट 90Hz  बा। फोन में मीडियाटेक Helio G37 प्रोसेसर के संगे 3 जीबी आ 4 जीबी रैम मिली। फोन में 64 जीबी के स्टोरेज बा।

Moto E32s के कैमरा के बात करीं तs एमे तीन गो रियर कैमरा बा जेमे प्राइमरी लेंस 16 मेगापिक्सल के बा। दूसरका लेंस 2 मेगापिक्सल के मैक्रो आ तीसरका लेंस 2 मेगापिक्सल के डेफ्थ सेंसर बा। सेल्फी ला Moto E32s में 16 मेगापिक्सल के फ्रंट कैमरा बा।  Moto E32s में कनेक्टिविटी ला 4G LTE, Wi-Fi, ब्लूटूथ, GPS/A-GPS, USB Type-C पोर्ट बा। एमे साइड माउंटेड फिंगरप्रिंट सेंसरो बा। फोन में 5000mAh के बैटरी बा।

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।