Big Breaking: भारत गेहूं के निर्यात पs रोक लगवलस, बढ़त कीमत बा वजे
देश में गेहूं के बढ़त कीमत के देखत सरकार एकरा निर्यात (Wheat export) पs रोक लगा देले बिया। गेहूं के प्रतिबंधित श्रेणी (prohibited category) में राखल गइल बा। एगो नोटिफिकेशन में सरकार कहलस कि देश के खाद्य सुरक्षा के मद्देनजर ई डेग उठावल गइल बा। संगहि पड़ोसी देशन आ गरीब देशन के सपोर्ट करे ला अइसन कइल जरूरी रहे। हालांकि जरूरतमंद देशन के गेहूं के निर्यात जारी रही। रूस आ यूक्रेन के बीचे चल रही लड़ाई के कारण समूचा दुनिया में गेहूं के कीमत में बहूते तेजी आइल बा। भारत में गेहूं के कीमत तेजी से बढ़ल बा। कव गो प्रमुख राज्यन में सरकारी खरीद के प्रक्रिया बहुते सुस्त चल रहल बा आ लक्ष्य से बहुते कम गेहूं के खरीदारी भइल बा। एकर वजे ई बा कि किसानन के न्यूनतम समर्थन मूल्य (MSP) से बेसी कीमत बाजार में मिल रहल बा। संगही अबकी बेर पैदावार में कमी के आशंका जादे बावे।
विदेश व्यापार महानिदेशालय एगो नोटिफिकेशन में कहलस कि कइयन गो कारणन से अंतरराष्ट्रीय स्तर पs गेहूं के कीमत में अचानक तेजी आइल बा। एह कारण भारत के संगे संगे पड़ोसी देशन आ आउर देशन में खाद्य सुरक्षा के खतरा पैदा हो गइल बा। एह कारण सरकार के गेहूं के निर्यात रोके के पड़त बा। गेहूं के फ्री कैटगरी से प्रतबंधित कैटगरी में डाल दिहल गइल बा।
Comments are closed.