Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

आज MI-RR की टक्कर:दूनो टीम के बीचे खेलल गइल बा 25 मैच

11 बेर राजस्थान त 13 बेर रोहित के इंडियंस मरलस बाजी

175

 आज IPL के शानदार शनिवार के डबल हेडर में पहिला मुकाबला मुंबई इंडियंस अउर राजस्थान रॉयल्स के टीम के बीचे खेलल जाई। ई मैच मुंबई के डी वाई पाटिल स्टेडियम में दोपहर 3:30 बजे से स्टार्ट होई। बात कइल जाए मुंबई के त बरिस 2013 से पहिला मैच हरने के रस्म कायम रखत DC के हाथों 4 विकेट से मैच गंवा के MI सीजन के शुरुआत कS देहले बा। उहवें, दूसरा ओर ऑक्शन के दौरान बढ़िया कॉम्बिनेशन बइठावे वाली राजस्थान पहिले मैच में SRH के 61 रन से पटखनी देहले के बाद मुंबई से भिड़ी।

हेड टू डेड में मुंबई तनी-मनी आगे

IPL में दूनो टीम के बीचे कुल 25 मैच खेलल गइल बा। एमें 13 बेर बाजी RR के हाथ लागल त उहवें 11 मैच MI जीतलस। 1 मुकाबला बगैर परिणाम अइले समाप्त हो गइल। मुंबई राजस्थान के खिलाफ 2010 में एगो पारी में सबसे बेसी 212 रन बनवले बा, त उहवें ओकर न्यूनतम स्कोर 92 रहा बा। राजस्थान एगो इनिंग में मुंबई के खिलाफ सर्वाधिक 208 रन बनवले बा अउर ओकर लोएस्ट टोटल 90 रहल बा। दूनो की टक्कर में संजू सैमसन सबसे अधिक 416 रन बनवले बाने। एकरे बाद रोहित शर्मा के नंबर आवsला, जे 316 रन स्कोर कइले बाने।

टूर्नामेंट के सबसे बैलेंस्ड टीम में से एगो दिख रहल बा राजस्थान रायल्स
हर बेर युवा अउर अनुभवहीन खिलाड़ियन पर हद से ढेर निर्भरता के चलते सीजन वन के बाद से लगातार हार के मुंह देखत आ रहल RR के किस्मत ऑक्शन के बाद से चमक गई है। टॉप ऑर्डर में देवदत्त पडिक्कल अउर हेटमायर के अइले से बल्लेबाजी क्रम के मजबूती मिलल बा। उहवें, आर. अश्विन, जिमी नीशम, युजवेंद्र चहल अउर ट्रेंट बोल्ट के जुड़ने से बॉलिंग यूनिट में नई जान आ गइल बा। हैदराबाद के खिलाफ भइल मैच में कौनो पल अइसन नाइलागल कि RR हार सकत बा। अइसन में 5 बेर के IPL चैंपियन मुंबई के खिलाफ टक्कर बराबरी के भइले के उम्मीद बा।

234930cookie-checkआज MI-RR की टक्कर:दूनो टीम के बीचे खेलल गइल बा 25 मैच

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.