Asian Games 2023: IND vs MAL: बरखा के कारण मैच रद्द, बेहतर रैंकिंग के आधार पs टीम इंडिया सेमीफाइनल में पहुंचल 

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 21, 2023

India vs Malaysia Asian Games 2023: हांगझोऊ एशियाई खेलन में भारतीय महिला क्रिकेट टीम के पहिला मैच बरखा के भेंट चढ़ गइल। शीर्ष वरीयता होखे के वजह से भारत के सीधे क्वार्टर फाइनल मुकाबला खेले

Share

India vs Malaysia Asian Games 2023: हांगझोऊ एशियाई खेलन में भारतीय महिला क्रिकेट टीम के पहिला मैच बरखा के भेंट चढ़ गइल। शीर्ष वरीयता होखे के वजह से भारत के सीधे क्वार्टर फाइनल मुकाबला खेले के मिलल। मलयेशिया के खिलाफ पहिले बल्लेबाजी करत टीम इंडिया 173 रन बनवलस। बरखा के वजह से मैच 15 ओवर के कs दिहल गइल आ जवाब में मलयेशिया के टीम दु गेना में एके रन बना सकल रहे। एकरा बाद बरखा सुरू हो गइल आ आगे खेल ना हो सकल। एकरा बाद मैच रद्द कs दिहल गइल आ बेहतर रैंकिंग के आधार पs भारत सेमीफाइनल में पहुंच गइल।

लगातार बरखा के वजह से बहुत समय बर्बाद भइल आ अब मैच रद्द कs दिहल गइल बा। बेहतर रैंकिंग के आधार पs टीम इंडिया सेमीफाइनल में पहुंच गइल बा। एशियाई खेलन में शीर्ष वरीयता वाली टीम इंडिया के सीधे क्वार्टर फाइनल मैच खेले के मवका मिलल रहे। मलयेशिया के खिलाफ मुकाबला में टीम इंडिया अच्छा प्रदर्शन कइलस।

टीम के नियमित कप्तान हरमनप्रीत कौर बैन के वजह से ई मैच ना खेल सकली आ स्मृति मंधाना टीम के कमान संभरली भारत पहिले बल्लेबाजी करत सानदार सुरुआत कइलस। हालांकि, स्मृति मंधाना 16 गेना में 27 रन बनाके आउट भइली। बरखा के वजह से मैच 15-15 ओवर के कs दिहल गइल रहे। अइसन  में शेफाली वर्मा आ जेमिमा रोड्रिग्ज ताबड़तोड़ बल्लेबाजी करत 86 रन के साझेदारी कइलस। शेफाली 39 गेना में 67 रन बनाके आउट भइली।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.