Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

जमशेदपुर : अब निगरानी में रहियें ड्राइवर, सड़क दुर्घटना में आई कमी

215

एनआईटी जमशेदपुर में तीन दिन के अंतर्राष्ट्रीय सम्मेलन के उद्घाटन सड़क परिवहन एवं राजमार्ग मंत्री नितिन गडकरी कइनें| एह सत्र के ऊ ऑनलाइन सम्बोधित कइनें| गडकरी सेमिनार के दौरान सड़क परिवहन एवं राजमार्ग के कार में बनावटी बुद्धिमत्ता (आर्टिफिशियल इंटेलीजेंस) के उपयोग के रेखांकित कइनें| बतवनें कि बनावटी बुद्धिमत्ता के उपयोग कके ड्राइवर पs निगरानी रखले के यंत्र विकसित हो रहल बा. प्रौद्योगिकी के प्रयोग से कइसे सड़क दुर्घटना के कम कइल जा सकेला, ई चर्चा के मुख्य बिंदु रहल|

सड़क के सुरक्षा, सड़क के गुणवत्ता के आंकलन, गाड़ी के नंबर प्लेट के स्वचालित रूप से डिटेक्ट कके चालान सीधे गाड़ी मालिक के मोबाइल पर भेजे आला जइसन यंत्र के विकास मशीन लर्निंग अउर कृत्रिम बुद्धिमत्ता के प्रयोग से हो रहल बा| ऊ नागपुर अउर गाजियाबाद में पायलट प्रोजेक्ट के रूप में एह यंत्रन के आंशिक प्रयोग के बारहू में चर्चा कइनें| सड़क परिवहन मंत्री अपने सम्बोधन के माध्यम से देश-विदेश के सगरी वैज्ञानिक, इंजीनियर, विद्यार्थियन के एह क्षेत्र में उपलब्ध अवसर के उपयोग खातिर बोलवने| एह सम्मेलन में अध्यक्षीय भाषण संस्थान के निदेशक प्रो.करुणेश कुमार शुक्ल देहनें| ऊ कंप्यूटर विज़न के संगे मशीने लर्निंग एवं आर्टिफिशिययल इंटेलीजेंस के मानव जीवन में हो रहल परयोग पs प्रकास डरनें. सम्मेलन के अगिला सत्र के प्रौद्योगिक यूनिवर्सिटी क्रीट, ग्रीस के प्रोफेसर जेरवाकिस अउर डॉ. अन्टोनाककिस मरिओस सयुक्त रूप से संबोधित कइनें लोग| ऊ आर्टिफिशियल इंटेलीजेंस के माध्यम से ब्रेस्ट अउर ब्रेन ट्यूमर डिटेक्शन कइसे कइल जा सकsला, एह बारे में बतवनें|

 

225600cookie-checkजमशेदपुर : अब निगरानी में रहियें ड्राइवर, सड़क दुर्घटना में आई कमी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.