[the_ad_group id="30365"]

लॉन्च खातिर तइयार iQOO Z6 Lite 5G, कम कीमत में मिली 120Hz डिस्प्ले आ फास्ट प्रोसेसर सहित स्नैपड्रैगन प्रोसेसर, जानीं आउर फीचर 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

स्मार्टफोन ब्रांड iQOO अपना Z6 सीरीज में एगो आउर फोन सामिल करे के तइयारी कs लेले बिया। कंपनी एह सीरीज के तहत नया फोन iQOO Z6 Lite 5G के लॉन्च करे वाला बिया। एह फोन के भारत में 14 सितंबर के लॉन्च कइल जाई। कंपनी Z6 सीरीज के तहत अभी तक iQOO Z6 आ iQOO Z6 Pro 5G फोन के पेश कs चुकल बिया। कंपनी iQOO Z6 Lite 5G के अमेजन इंडिया पs लिस्टो कs देले बिया।

iQOO लॉन्चिंग से पहिलही फोन के स्पेसिफिकेशन के जानकारी अमेजन पs रिवील कs देलस। iQOO Z6 Lite 5G में 120Hz के फुलएचडी प्लस डिस्प्ले मिले वाला बा। संगही फोन के स्नैपड्रैगन प्रोसेसर से लैस कइल जाई। हालांकि कंपनी एकरा प्रोसेसर के जानकारी 7 सितंबर के जारी करे वाला बिया।

फोन के संभावित स्पेसिफिकेशन के बात कइल जाव तs फोन में 6.58 इंच के डिस्प्ले के संगे 5000mAh के बैटरी मिल सकत बा, जवन 18W फास्ट चार्जिंग सपोर्ट के संगे आई। फोन के दु स्टोरेज वेरिएंट 4 जीबी रैम के संगे 64 जीबी स्टोरेज आ 6 जीबी रैम के संगे 128 जीबी स्टोरेज में पेश कइल जा सकत बा।

iQOO Z6 Lite 5G के कैमरा सेगमेंट के बात कइल जाव तो एमे डुअल रियर कैमरा सेटअप मिली, जवन 50 मेगापिक्सल प्राइमरी आ 2 मेगापिक्सल सेकेंडरी लेंस के साथे आई। फोन में सेल्फी आ वीडियो कॉल खातिर 8 मेगापिक्सल के फ्रंट कैमरा मिल सकत बा। हालांकि, फोन के कैमरा के खुलासा कंपनी 8 सितंबर के करे वाला बिया। फोन के आउर कनेक्टिविटी के बात  करी तsफोन में 5g, 4G LTE, Wi-Fi, ब्लूटूथ v5, 3.5mm हेडफोन जैक के संगे USB टाइप-सी पोक्ट के सपोर्ट मिल सकेला।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]