Ganpati Bappa Morya: हर तरफ ‘गणपति बप्पा मोरया’ के गूंज, पीएम मोदी देलें गणेश चतुर्थी के सुभकामना

Share

नई दिल्ली। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी बुध के गणेश चतुर्थी के अवसर पs सब केहू के सुभकामनाएं देलें। सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म ‘X’ पs एगो पोस्ट में प्रधानमंत्री मोदी एह पावन अवसर पs सभ केहू के कल्याण आ समृद्धि के कामना कइलें। पीएम मोदी लिखलें, रउआ सभे के गणेश चतुर्थी के हार्दिक सुभकामना। भक्ति आ आस्था से भरल ई पावन अवसर सभका खातिर मंगलमय होखे। हम भगवान गजानन से प्रार्थना करत बानी कि उ अपना सब भक्तन के सुख, शांति आ उत्तम स्वास्थ्य प्रदान करस। गणपति बप्पा मोरया!’

विनायक चतुर्थी के विनायक चविथी के नाम से जानल जाला। ई एगो अइसन त्योहार हs,

जवन नया सुरुआत के प्रतीक हs। ई सुभ काम से पहिले पूजल जाये वाला विघ्नहर्ता भगवान गणेश के वंदना के प्रतीक हs। देस-बिदेस में भक्त सजल-धजल घरन आ पंडालन, प्रार्थना, संगीत आ जीवंत जुलूसन के संगे उनका बुद्धि आ बुद्धिमत्ता के जश्न मनावेला लोग।

एकरा पहिले गणेश चतुर्थी के अवसर पs पूजा-अर्चना करे खातिर मुंबई के श्री सिद्धिविनायक गणपति मंदिर में भक्तन के भारी भीड़ उमड़ल। एह उत्सव खातिर लोग भगवान गणेश के मूर्तियन के अपना घर में ले आवेला। उपवास रखेला आ स्वादिष्ट व्यंजन बनावेला। एह त्योहार के दौरान पंडाल सजावल जाला। देस भर में मनावल जाये वाला एह त्योहार में लाखन भक्त भगवान गणेश के आशीर्वाद लेवे खातिर मंदिरन आ मंडलन में एकत्रित होला लोग।

मुंबई के प्रसिद्ध लालबागचा राजा के पहिला लुक अतवार के जारी कइल गइल। बेजोड़ कलात्मकता से निर्मित लालबागचा राजा खाली एगो प्रतिमा ना, ई ओकरा से कहीं जादे हs। ई सामूहिक आस्था, कलात्मक निपुणता आ मुंबई के जीवंत भावना के प्रतीक हs। हर साल लाखन भक्त इहां दर्शन खातिर आवेला लो। लालबागचा राजा, प्रतिष्ठित गणेश मूर्ति के अनावरण, एह त्योहार के एगो आउर मुख्य आकर्षण बा। लालबागचा राजा के इतिहास बहुते प्रसिद्ध बा। ई 1934 में स्थापित पूजा स्थल, पुतलाबाई चॉल में इस्थित लालबागचा राजा सार्वजनिक गणेशोत्सव मंडल के लोकप्रिय गणेश प्रतिमा हs। लालबागचा राजा गणपति के मूर्ति के देखभाल कांबली परिवार आठ दशकन से जादे समय से कs रहल बा।

एकरा पहिले जुलाई में महाराष्ट्र सरकार सार्वजनिक गणेशोत्सव के ‘महाराष्ट्र राज्य उत्सव’ घोषित कइले रहे। ई घोषणा सांस्कृतिक मामलन के मंत्री आशीष शेलार विधानसभा में कइले रहस। उ कहलें कि महाराष्ट्र में सार्वजनिक गणेशोत्सव के परंपरा 1893 में लोकमान्य तिलक के ओर से सुरू कइल गइल रहे।

राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू ‘एक्स’ पs लिखली, ‘देस-बिदेस में रह रहल सब भारतीय लोगन के गणेश चतुर्थी के हार्दिक सुभकामना! ई महापर्व बुद्धि आ विवेक के देवता भगवान श्री गणेश के जन्मोत्सव के रूप में हर्षोल्लास से मनावल जाला। विघ्नहर्ता भगवान श्री गणेश से हम प्रार्थना करत बानी कि उ व्यक्ति-निर्माण आ राष्ट्र-निर्माण के मार्ग के सब बाधा के दूर करत रहीं आ उनका आशीर्वाद से सब देशवासी, पर्यावरण-अनुकूल जीवन शैली अपनावत, सशक्त भारत के निर्माण में निष्ठा के संगे काम करत रहे। गणपति बाप्पा मोरया!’

Read Also: Ayodhya News: परिक्रमा मार्ग पs 10 हजार वर्ग फीट में बन रहल बा वैक्स म्यूजियम, रामायण के 50 पात्रन के लउकी झलक

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-