जम्मू-कश्मीर में पुलिस आतंकियन के खिलाफ के बड़ कार्रवाई, श्रीनगर में 11 जगहन पs छापेमारी, 150 लोग निशाना पs

Minee Upadhyay
जम्मू-कश्मीर में पुलिस आतंकियन के खिलाफ के बड़ कार्रवाई

पहलगाम आतंकी हमला के बदला भारतीय सेना ले लिहले बिया. पाकिस्तान आ ओकरा आतंकी संगठनन का खिलाफ बड़हन कार्रवाई भइल बा. एही बीच अब जम्मू कश्मीर के पुलिस भी पहलगाम आतंकी हमला के बाद आतंकवादियन के खिलाफ बड़ दमन शुरू क देले बिया। जम्मू कश्मीर के राजधानी श्रीनगर में 11 जगहा पर पुलिस छापामारी कइले बिया. बतावल जाव कि एह पुलिस अभियान के का मकसद बा.

आतंकियन के खिलाफ कड़ा मुहिम 

जम्मू-कश्मीर में पहलगाम हमला के बाद पुलिस आतंकवादियन के खिलाफ कड़ा मुहिम शुरू कईले बिया। पुलिस के मुताबिक 22 अप्रैल के भईल आतंकी हमला के बाद 150 आतंकी चाहे उनुका सहयोगी के घर प छापामारी कईल गईल बा। आतंकी गतिविधियन के समर्थन करे वाला बुनियादी ढांचा के खतम करे के मकसद से पुलिस के ई कार्रवाई कइल जा रहल बा. एकरा तहत कई जगहा छापामारी के काम तेज क दिहल गईल बा।

पुलिस का कहलस?

जम्मू-कश्मीर पुलिस प्रवक्ता बतवले कि एs अभियान के तहत प्रतिबंधित आतंकी संगठन के आतंकी सहयोगी के निशाना बनावल जाता। यूएपीए एक्ट के तहत दर्ज मामला में पुलिस के ओर से जांच आगे बढ़ावल जाता। एह क्रम में मंगल के दिने 11 गो लोकेशन पs छापा मारल गइल.

ईहो पढ़ीं:सबेरे-सबेरे: गर्दन के समस्या करत बा परेसान, तs रोजे करीं इs Exercise

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।
Leave a Comment