Job Fraud: रेलवे में नौकरी के नाम पर रोज आठ घंटा ले गिनववलें ट्रेन, 28 लोग से ठग लेहलें सब ढाई करोड़

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 21, 2022

रेलवे में नौकरी के झांसा दे के जालसाज लोग तमिलनाडु के 28 युवक से दिल्ली में एक महीना ले रोज आठ घंटे ट्रेन अउर उनके डिब्बा के गिनती करावल गइल। पीड़ित युवक लोग के एह

Share

रेलवे में नौकरी के झांसा दे के जालसाज लोग तमिलनाडु के 28 युवक से दिल्ली में एक महीना ले रोज आठ घंटे ट्रेन अउर उनके डिब्बा के गिनती करावल गइल। पीड़ित युवक लोग के एह दौरान ठगल गइले के अहसासो ले नाइ भइल। जालसाजन के गिरोह नौकरी के नाम पs पीड़ित लोग से 2.67 करोड़ रुपया ठग लिहलस।

पीड़ित युवक लोग सोचत रहे कि उनकर नौकरी लाग गइल बा

पीडि़त युवक इहे सोचत रहे कि उनकर नौकरी लाग गइल बा अउर ऊ आपन ड्यूटी करत रहनें। दिल्ली पुलिस के आर्थिक अपराध शाखा (ईओडब्ल्यू) शिकायत मिलले के बाद एफआईआर दर्ज कs के मामिला के जांच शुरू क दिहले बा।

पुलिस के एगो वरिष्ठ अधिकारी बतवलें कि तमिलनाडु के पूर्व सैनिक एम सुब्बुसामी (78) ईओडब्ल्यू में शिकायत दर्ज करवले बानें। शिकायत में कहल गइल बा कि पीड़ित युवक जून अउर जुलाई के बीच एक महीना ले नई ट्रेन अउर डिब्बा के गिनती करे रहनें। ठग लोग बतवलें कि ई यात्रा टिकट परीक्षक (टीटीई), यातायात सहायक अउर क्लर्कों के पद खातिर उनके प्रशिक्षण के हिस्सा ह।

अधिकारियों के अनुसार, छात्रन से जालसाजन से एम सुब्बुसामी मिलवले रहनें। हालांकि, सुब्बुसामी के पता नाइ रहल कि ऊ युवकन के जालसाजन से मुलाकात करवा रहल बानें। ऊ विकास राणा नाम के आदमी के पइसा दीहल गइल बा। ऊ दिल्ली में उत्तर रेलवे कार्यालय में अपना के उपनिदेशक बतवले रहनें।

ठगल गइल युवक लोग में ज्यादातर इंजीनियर

ठगी के शिकार भइल ज्यादातर युवक लोग इंजीनियरिंग के पढ़ाई कइले बा। रेलवे में नौकरी पावे खातिर ओमें से हर केहू दू लाख से 24 लाख रुपया के बीच के राशि के भुगतान कइले रहनें। एह मामिला में मंगर के साँझ ले केहू के गिरफ्तार नाइ कइल गइल।

मदुरै के एगो पीड़ित 25 वर्षीय स्नेहिल कुमार कहनें कि टीटीई, यातायात सहायक चाहे क्लर्क जइसन कई पद खातिर सबके स्टेशन पर ट्रेन के गिनती कइले के ही प्रशिक्षण दिहल गइल रहे।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.