पेट्रोल-डीजल के दाम : तेल विपणन कंपनी के ओर से ईंधन के मूल मूल्य में फेर से समायोजन के बाद कोलकाता में पेट्रोल अवुरी डीजल के दाम में मामूली बढ़ोतरी भईल बा। कोलकाता में अब पेट्रोल के दाम 105.41 रुपिया प्रति लीटर हो गइल बा आ डीजल के दाम बढ़ के 92.02 रुपिया प्रति लीटर हो गइल बा. एगो प्रमुख तेल विपणन कंपनी के अधिकारी कहले कि, पेट्रोल के दाम में 40 पईसा प्रति लीटर के बढ़ोतरी भईल बा। जबकि डीजल 20 पईसा प्रति लीटर महंगा हो गईल बा। हालांकि एकरा उलट पटना में डीजल के दाम में 60 पइसा प्रति लीटर के गिरावट देखाई देलस। जबकि पूर्वी के दोसरा राज्यन में ईंधन के दाम में कवनो बदलाव ना भइल.
बेसिक प्राइस (जवन केंद्रीय आ राज्य कर जोड़े से पहिले तेल विपणन कंपनी सभ द्वारा तय बेंचमार्क के काम करे ला) के समय-समय पर समीक्षा कइल जाला आ बिबिध परिचालन आ रसद कारक सभ के आधार पर समायोजित कइल जाला। हालांकि आमतौर प अयीसन बदलाव छोट-मोट होखेला, लेकिन एकर सीधा असर उपभोक्ता के ओर से दिहल गईल ईंधन के खुदरा दाम पs पड़ेला। ई ताजा बढ़ोतरी ओह घरी भइल बा जब वैश्विक स्तर पर कच्चा तेल के दाम अपेक्षाकृत स्थिर रहल बा आ उपभोक्ता महंगाई चिंता के विषय बनल बा.
कच्चा तेल के दाम कम स्तर
कच्चा तेल के दाम काफी समय से निचला स्तर पs बा। एकरा चलते सरकारी तेल कंपनियन के पेट्रोल आ डीजल के दाम ना बढ़ावे के पड़ल बा. मंगल के दुपहरिया में कच्चा तेल के डब्ल्यूटीआई 62.05 डॉलर प्रति बैरल पs कारोबार कइलस जवन 0.15 फीसदी भा 0.11 डॉलर बढ़ल. एकरा साथे ब्रेंट तेल के दाम 65.02 डॉलर प्रति बैरल पs चलत देखल गइल जवना में 0.09 फीसदी भा 0.06 डॉलर के बढ़ोतरी भइल.
इहो पढ़ीं: पाकिस्तानी सेना भारत पs कइलस फायरिंग, LoC पs भारतीय सेना दिहलस मुंहतोड़ जवाब