महिला आईटीआई के लगे बनी नया बस स्टैंड : सारण में विकास के भइल समीक्षा, पार्किंग से लेके कइयन गो बेवस्था में होई सुधार

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 11, 2024

छपरा शहर आ जिला के आउर स्थलन में जिला परिषद कावर से विकास से संबंधित अलग-अलग योजनन के क्रियान्वयन कइल जा रहल बा। डीएम अमन समीर आज एह योजनन के क्रियान्वयन के लेके बैठक कइलें।

Share

छपरा शहर आ जिला के आउर स्थलन में जिला परिषद कावर से विकास से संबंधित अलग-अलग योजनन के क्रियान्वयन कइल जा रहल बा। डीएम अमन समीर आज एह योजनन के क्रियान्वयन के लेके बैठक कइलें। सांढा ढाला के लगे बेवस्थित यातायात के उद्देश्य से सड़क के चौड़ीकरण आ नाला के निर्माण खातिर जिला परिषद कावर से प्रशासनिक स्वीकृति दिहल गइल बा।

डीएम निविदा के प्रक्रिया अविलम्ब पूरा करत काम सुरू करे के कहलें। नाला के सुगम निकासी के बेवस्था करे के कहल गइल। एह स्थल के बेवस्थित करे खातिर अतिक्रमण हटावल जाई। ऑटो रिक्शा/टोटो के पार्किंग खातिर जिला परिषद के जमीन पs बेवस्था कइल जाई। एकरा संगही मोटरसाइकिल/कार पार्किंग खातिर स्थल चिह्नित करे के कहल गइल।

नया बस स्टैंड के निर्माण खातिर महिला आई टी आई के लगे लगभग पांच एकड़ जमीन चिह्नित बा। एकरा विकास खातिर बुडको कावर से समेकित डीपीआर बनावल गइल बा। बतावल गइल कि नया बस स्टैंड के निर्माण चरणबद्ध तरीका से कइल जाई।

डीएम सबसे पहिले स्थल पs मिट्टी भराई आ अलग-अलग जोन आ लेन के निर्माण खातिर कार्रवाई के निरदेस देलें। तत्काल कइल जाये वाला कार्यन खातिर अविलम्ब प्राक्कलन तइयार करे के निरदेस बुडको के अभियंता के दिहल गइल। जिला अभियंतो के तुरंत स्थल निरीक्षण करे के निरदेस दिहल गइल।

खैरा-बिनटोलिया सड़क के निर्माण खातिर कार्यपालक अभियंता पथ प्रमण्डल के त्वरित अग्रेतर कार्रवाई के निरदेस दिहल गइल। एकरा माध्यम से नया बस स्टैंड के बाईपास सड़क से कनेक्टिविटी मिली। थाना चौक से जोगनिया कोठी तक सड़क निर्माण खातिर कार्यपालक अभियंता पथ प्रमंडल कावर से कार्रवाई कइल जा रहल बा, एमे तेजी ले आवे के का निरदेस दिहल गइल।

सोनपुर में डाकबंगला आ रमना मैदान के विकास खातिर कार्ययोजना पs चरचा कइल गइल आ महत्वपूर्ण दिशा निरदेस दिहल गइल। बैठक में उप विकास आयुक्त, जिला अभियंता, कार्यपालक अभियंता पथ प्रमंडल, बुडको के सहायक अभियंता आदि उपस्थित रहे लो।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.