स्पोर्ट्स डेस्क: आईसीसी के ताजा रैंकिंग में टीम इंडिया के भारी नुकसान भइल बा। ऊ चउथा स्थान पs खिसक गइल बा। ताजा रैंकिंग में मई 2024 से खेलल गइल सब मैचन के 100 प्रतिशत आ पिछला साल के सब मैचन के 50 प्रतिशत पs रखल गइल बा। हालांकि, भारत वनडे आ टी20 रैंकिंग में पहिला स्थान पs बा।
ताजा अपडेट के बाद ऑस्ट्रेलिया आपन शीर्ष स्थान बरकरार रखले बा, बाकिर ओकर बढ़त 15 से घटके 13 अंक रह गइल बा। ओकरा लगे 126 रेटिंग अंक बा आ ऊ रैंकिंग में आउर टीमन से बहुत आगे बिया।
टीम इंडिया के बात करीं तs, न्यूजीलैंड से घरेलू मैदान पs हार आ ऑस्ट्रेलिया से बिदेसी सरजमीं पs सीरीज हरला से ओकरा रैंकिंग पs असर पड़ल बा। ओकरा लगे 105 रेटिंग पॉइंट बा।
आ ऊ वे साउथ अफ्रीका आ इंग्लैंड से पीछे बा जवना के लगे क्रमशः 111 आ 113 पॉइंट बा। इंग्लैंड के इस्थिति में सुधार पिछला साल के आखिरी चार मुकाबलन में तीन सीरीज जीतला के बाद भइल बा।
आईसीसी मेंस टीम टेस्ट रैंकिंग:-
ऑस्ट्रेलिया- 126 रेटिंग
इंग्लैंड- 113 रेटिंग
साउथ अफ्रीका- 111 रेटिंग
इंडिया- 105 रेटिंग
न्यूजीलैंड- 95 रेटिंग
श्रीलंका- 87
एह रैंकिंग में ना भइल कवनो बदलाव
सालाना अपडेट के बाद बाकी रैंकिंग में कवनो बदलाव ना भइल। न्यूजीलैंड पांचवां स्थान पs बा, ओकरा बाद श्रीलंका, पाकिस्तान, वेस्टइंडीज, बांग्लादेश आ जिम्बाब्वे बा। आयरलैंड आ अफगानिस्तान आउर दु टेस्ट खेले वाला देस बा। भारत के एक स्थान के नुकसान भइल बा। है
इंग्लैंड के खिलाफ बा सीरीज
एह महीना के आखिर में जिम्बाब्वे आ इंग्लैंड के बीच एकमात्र टेस्ट मैच के संगे टेस्ट क्रिकेट के वापसी होखे वाला बा। जून में, लॉर्ड्स में ऑस्ट्रेलिया आ साउथ अफ्रीका के बीच विश्व टेस्ट चैंपियनशिप (WTC) के फाइनल होखे के बा। ओही महीना, भारत इंग्लैंड के संगे पांच मैचन के टेस्ट सीरीज खेलल जाई, जवन WTC के चउथा संस्करण के सुरुआतो होई।
वनडे आ टी20 में नंबर-1
टेस्ट में एक स्थान के नुकसान उठावे वाली भारतीय टीम व्हाइट बॉल क्रिकेट में नंबर वन पs काबिज बिया। वनडे आ टी20 में भारत के बादशाहत कायम बा। भारत टी20 वर्ल्ड कप 2024 आ आईसीसी चैंपियंस ट्रॉफी अपना नामे कइले बा।
Read Also: देसी कंपनी के कमाल! 4GB रैम, 5000mAh बैटरी वाला स्मार्टफोन 7 हजार से कम में लॉन्च