DAV पीजी-कॉलेज में मेन गेट लॉक कs के छात्रन के प्रदर्शन: कहल लो- कॉलेज प्रशासन के लापरवाही से छात्रा के मौत भइल, परिजनन के एक लाख मुआवजा मिले के चाहीं 

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 5, 2023

DAV पीजी कॉलेज में भइल छात्रा के मौत से आक्रोशित छात्र सोमार के जमके प्रदर्शन कइल लो। दुपहरोया बाद भारी संख्या में कॉलेज पहुंचल आंदोलनकारी छात्र मेन गेट पs ताला लगाके धरना पs बइठ गइल

Share

DAV पीजी कॉलेज में भइल छात्रा के मौत से आक्रोशित छात्र सोमार के जमके प्रदर्शन कइल लो। दुपहरोया बाद भारी संख्या में कॉलेज पहुंचल आंदोलनकारी छात्र मेन गेट पs ताला लगाके धरना पs बइठ गइल लो। छात्रा के मौत ममिला में कॉलेज प्रशासन के लापरवाही के आरोप लगावत स्टूडेट लोग जमके नारेबाजी कइल। एक दिसंबर के BSC फर्स्ट ईयर के छात्रा गौरी मिश्रा के कॉलेज में बैडमिंटन खेलत घाटी हार्ट अटैक आइल रहे।

आनन-फानन में उनकर दोस्त उनका के लेके जिला अस्पताल पहुंचल रहे लो। जहां डॉक्टर मृत घोषित कs देले रहे लो। एही घटना से नाराज छात्र सोमार के दुपहरिया बाद कॉलेज पहुंचके मेन गेट लॉक कs दिहल लो। नारेबाजी करत छात्र कॉलेज प्रशासन के खिलाफ धरना पs बइठ गइल लो। देर सांझ पहुंचल कोतवाली पुलिस छात्रन के समझा-बुझाके आंदोलन खत्म करववलस।

1 लाख मुआवजा के मांग

छात्र लोग प्रदर्शन के दौरान कहल कि छात्रा कॉलेज के अंदर बेहोश होके गिरल। ओकर दोस्त लोग ओकरा के जिला अस्पताल पहुंचावल, बाकिर कॉलेज प्रशासन के कान पर जूं तक ना रेंगल। अइसन संवेदन हीनता हमनी के पहिले कबो नइखी सs देखले। हमनी के घटना से बहुत आहत बानी सs। छात्र लोग मांग कइल कि पीड़िता के परिवार के कॉलेज प्रशासन मुआवजा के तौर पs 1 लाख रुपिया देवे।

कॉलेज में निजी एम्बुलेंस के बेवस्था होखे 

संगही भविष्य में एह तरे के घटना दोबारा ना होके एकरा खातिर कॉलेज प्रशासन आपन निजी एम्बुलेंस के बेवस्था करे। ताकि इमरजेंसी के इस्थिति में समय से अस्पताल पहुंचल जा सके। एह दौरान अंकित पांडेय, गौरव पांडेय, सत्यम जायसवाल, आदित्य मौर्य, श्याम मोहन चौरसिया, इकामुद्दीन अहमद, आकाश सिंह, अनिता सिंह, साक्षी जयसवाल, अंजलि सिंह, सीतू सोनकर, आराध्या सोनकर आदि मवजूद रहे लो।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.