अक्सर लोग के लागेला कि जाड़ा के मौसम में ही त्वचा सूख जाला। हालांकि अयीसन नईखे, बाकिर कुछ लोग अयीसन बाड़े, जेकर त्वचा के प्रकार सूखल होखेला अवुरी एकरा चलते उनुकर त्वचा हर मौसम में सूखल अवुरी बेजान रहेले। जवना लोग के त्वचा हमेशा सूखल रहेला, ओ लोग के गर्मी के महीना में भी त्वचा से जुड़ल बहुत समस्या के सामना करे के पड़ सकता। सूखल त्वचा वाला लोग के कवन गलती से बचे के चाहीं, चाहे मौसम कवनो होखे.
अगर रउरा त्वचा रूखल बा तs एह गलतियन से बची
बहुत जादा स्क्रबिंग : त्वचा के मृत कोशिका के हटावे खातीर एक्सफोलिएशन बहुत जरूरी बा। हालांकि, जादा एक्सफोलिएशन त्वचा से ओकर प्राकृतिक तेल छीन सकता, जवना के चलते त्वचा के सूखापन बढ़ सकता। रूखी त्वचा वाला लोग के सप्ताह में एक-दु बेर एक्सफोलिएशन करे के चाही। संगही, एक्सफोलिएंट के इस्तेमाल करीं जवन कि त्वचा के नुकसान ना पहुंचावे। एकरा अलावे स्क्रबिंग करत घरी त्वचा के जादा ना रगड़ीं।
पर्याप्त पानी ना पियल : अगर आप पर्याप्त पानी ना पिएनी तs एकर बुरा असर रूखी त्वचा प भी देखाई दिही। पानी पिए से त्वचा के कोशिका के हाइड्रेटेड राखे में मदद मिलेला, जवना से सूखापन कम हो जाला। हर दिन कम से कम आठ गिलास पानी पीये के लक्ष्य राखीं जेहसे कि आपके त्वचा के स्वास्थ्य भीतर से बाहर तक बनल रहे। एकरा अलावे ओमेगा-3 फैटी एसिड से भरपूर खाद्य पदार्थ जईसे सामन अवुरी अखरोट खाईं।
कठोर साबुन/क्लीन्सर के इस्तेमाल: जदी आप अपना चेहरा प कठोर साबुन चाहे क्लींजर के भी इस्तेमाल करतानी, त एकरा से त्वचा अवुरी सूख सकता। इs त्वचा से ओकर प्राकृतिक तेल छीन लेवेला, जवना के चलते सूखापन अवुरी जलन हो सकता। अपना त्वचा खातिर बनावल प्राकृतिक साबुन भा क्लींजर के इस्तेमाल करीं.
अस्वीकरण: (एह लेख में सुझावल गईल टिप्स सिर्फ सामान्य जानकारी खातीर बा। स्वास्थ्य से जुड़ल कवनो फिटनेस कार्यक्रम शुरू करे से पहिले चाहे अपना खानपान में कवनो बदलाव करे से चाहे कवनो बेमारी से जुड़ल कवनो उपाय लेवे से पहिले अपना डॉक्टर से सलाह लीही। खबर भोजपुरी कवनो दावा के प्रामाणिकता के पुष्टि नईखे करत।
इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: रोज करीं इs 4 गो योगासन, आंख के puffiness होई दूर