[the_ad_group id="30365"]

पटना में कोरोना को लेकर हाईलेवल मीटिंग, सीएम नीतीश बोले- स्वास्थ्य विभाग अलर्ट और लोग सजग रहे

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

चीन में कहर बरपा रहल कोरोना के देखत विश्व के सब देस सतर्क हो गइल बा। बिहार के राजधानी पटना में सीएम नीतीश कुमार के अगुवाई में कोरोना के लेके एगो हाईलेवल बैठक भइल। बैठक में अधिकारियन के कवनो आपात इस्थिति से निबटे खातिर सतर्क रहे खातिर निरदेस दिहल गइल बा। बैठक में कोरोना के लेके का तइयारी बा आ एकरा से निपटला खातिर बिहार सरकार का डेग उठावे वाली बा, एसे जुड़ल मुद्दन पs चरचा कइल गइल।

मुख्यमंत्री कोरोना से संबंधित उच्चस्तरीय समीक्षा बैठक कs के अधिकारियन से एह संबंध में तमाम जानकारी लेलें। बैठक के बाद मुख्यमंत्री कहलें कि कोरोना के लेके राज्य सरकार सुरू से गंभीर आ संवेदनशील बिया। राज्य में आज के तिथि में कोरोना के एक्टिव केस शून्य बा, घबरइला के कवनो जरूरत नइखे। लोग सचेत आ सजग रहे। ऊ कहलें कि कोरोना के कमजोर होखला के बादो हमनी के कबो शिथिलता ना बरतनी सs। अपना राज्य में लगातार कोरोना जांच आ टीकाकरण करावात रहल गइल बा।

बिहार में 80 फीसद से बेसी लोगन के भइल जांच

सीएम नीतीश कुमार कहलें कि पूरा देस में 10 लाख के आबादी पs 6.59 लाख जांच कइल गइल बा, जबकि बिहार में 8.20 लाख जांच कइल गइल बा। आज पूरा देस में कोरोना के जेतना टेस्टिंग कइल जाला, ओमे लगभग आधा टेस्टिंग अकेले बिहार के बा। बाकिर, बैठक में नीतीश कुमार अधिकारियन के स्पष्ट निरदेस देले कि स्वास्थ्य विभाग कोरोना के लेके पूरा तरे अलर्ट रहल, बाहर से आवे वाला लोगन के रैंडम जांच करावे ताकि समय रहते डेग उठावल जा सके। कोरोना जांच के संख्या आ बढ़वला के संगे-संगे टीकाकरण के काम में तेजी ले आवल जाए।

दवा आ जांच किट के रहे उपलब्धता

मुख्यमंत्री कहलें कि कोरोना के नया वैरिएंट के देखत कोरोना के फेर से बढ़ला के आशंका जतावल जा रहल बा। एहिसे सरकार के पूरा तरे अलर्ट रहे के चाहीं। ऊ स्वास्थ विभाग के निरदेस देले कि अस्पतालन में दवा के संगे-संगे ऑक्सीजन के उपलब्धता पर्याप्त रहे। बैठक में मुख्यमंत्री के प्रधान सचिव दीपक कुमार, मुख्यमंत्री के सचिव अनुपम कुमार सहित स्वास्थ्य विभाग के आउर वरीय अधिकारी उपस्थित रहे लोग।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]