सोनी टीवी के खाना बनावे के रियलिटी शो सेलिब्रिटी मास्टरशेफ के आजुकाल्हु दर्शकन के बीच बहुते पसंद कइल जा रहल बा. ई शो अपना तिसरका हफ्ता में प्रवेश कs लिहले बा. एह शो में दीपिका कक्कर इब्राहिम आ निक्की तम्बोली से ले के अभिजीत सावंत जइसन हस्ती भाग लिहले बाड़े सँ जे अपना खाना बनावे के हुनर से शेफ आ दर्शकन के प्रभावित करे के कोशिश में लागल बाड़ी सँ. एह सेलेबस के फराह खान, रणवीर बरार आ विकास खन्ना से जवन चुनौती मिल रहल बा ऊ धीमा होखे के कवनो संकेत नइखे लउकत. ‘पवित्र रिश्ता’ के उषा ताई यानी उषा नाडकर्णी भी सेलिब्रिटी मास्टरशेफ में भाग लेले बाड़ी, जवना के एगो नया प्रोमो मेकर्स जारी कईले बाड़े।
सेलिब्रिटी मास्टरशेफ में केकरा के याद करत उषा ताई भावुक हो गईली?
मास्टरशेफ के उषा नाडकर्णी के प्रोमो वीडियो देख के अभिनेत्री के प्रशंसक तनाव में बाड़े। तs आईं बता दी कि आखिर में उषा ताई काहे भावुक हो गइली आ रोवे लगली. असल में एह शो में अपना केहू करीबी के याद करत अभिनेत्री भावुक हो गइली आ रोवे लगली आ ई देख के शेफ विकास खन्ना भी भावुक हो गइले.
इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: बइठले – बइठले करीं ई एक्सरसाइज Memory Sharp करे खातीर
प्रोमो में देखल जा सकेला कि त्योहार के स्पेशल चल रहल बा, जवना में सभके अपना पसंद के त्योहार के हिसाब से कवनो पकवान बनावे के पड़ेला। उषा ताई गणपति पर्व के चुनेली आ ओकरा हिसाब से पकवान के योजना बनावेली। विकास खन्ना उषा ताई से पूछता- ‘आपके जिनगी में कई गो त्योहार देखले बाड़।’ बाकिर, रउआ हमेशा कहत रहेली कि हम अकेले रहत बानी, एकर का मतलब बा? शेफ के सवाल सुन के उषा ताई भावुक हो जाले।
उषा ताई खाना बनावत घरी रोवे लगली
खाना बनावत घरी उषा रुक जाली आ रोवत कहेली – ‘त्योहार में अकेले रहला के मतलब होला, हमार लइका भाई के साथे रहत रहे, भाई भी अकेले रहत रहे, अकेले के मतलब ऊ आ ओकर मेहरारू. घर में ना रहत रहली, आफिस जात रहली बाद में ड्रामा, सीरियल आ सिनेमा करे में एतना समय बीत गइल कि घर में रहे के भी मौका ना मिलल। अइसना में भाई हमरा बेटा के अपना लगे बोलवले। पहिले माई हमरा बेटा के ख्याल रखली, फेर भाई पोसले। अब उs नईखे, 30 जून 2024 के उनुकर निधन हो गईल।
इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ धरती चीर के बाहर निकलल रहे गोरखपुर के मां काली के प्रतिमा
शेफ विकास खन्ना भावुक हो गईले
अपना भाई के याद करत उषा आगे कहतारी- ‘उs हमरा के बहुत साथ देत रहले।’ हमार छोट भाई, उहे हमार पूरा जिनिगी रहले। हमरा उनुकर बहुत याद आवेला। ऊ हमेशा पूछत रहले, उषा, हम एह साल गणपति पs का करब? उषा ताई के एतना भावुक देख के शेफ विकास खन्ना के आँख नम हो गईल अवुरी शो के बाकी प्रतियोगी भी भावुक हो गईले। विकास खन्ना भी आपन पीड़ा बतवले अवुरी कहले कि बहिन के निधन के बाद पछिला साल के दिवाली उनुका खातीर बहुत दर्दनाक रहे।