तिरुपति मंदिर में फेर हादसा, प्रसाद वितरण केंद्र में आग लगले से मचल भगदड़; बचाव अभियान जारी

Minee Upadhyay
तिरुपति मंदिर में फेर हादसा

आंध्र प्रदेश के तिरुपति मंदिर में एक बेर फेरु एगो बड़हन हादसा हो गइल बा.जानकारी के मुताबिक, जवना इलाका में लड्डू प्रसाद के श्रद्धालु के बांटल जाता, उs इलाका में आग के घटना भईल, जवना के चलते मौका पs मौजूद भीड़ में अराजकता मच गईल। मामला के जानकारी देत ​​तिरुपति देवस्थानम बोर्ड के जेईओ वेंकैया चौधरी बतवले कि काउंटर नंबर 47 पs कंप्यूटर से जुड़ल यूपीएस सिस्टम में शार्ट सर्किट के चलते आग लाग गईल। आग लगला के जानकारी मिलते फायर ब्रिगेड के जवान तुरंत मौका पs पहुंचले अवुरी आग पs काबू पावे के कोशिश करतारे।

एक हफ्ता में भगदड़ के दूसरका घटना
10 दिन के बैकुंठ द्वार दर्शनम उत्सव के दौरान भईल इs घटना। एह मौका पs देश भर से हजारों लोग तिरुपति मंदिर पहुंचल बाड़े। हालांकि एs दौरान कवनो बड़ घटना ना भइल , काहेंकी आज के भक्त के संख्या पछिला घटना के दिन के मुक़ाबले कम रहे।

इहो पढ़ीं :भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ गोरखनाथ मंदिर के बाटे बहुते रोचक इतिहास, जानीं काहें चढ़ावल जाला मकर संक्रांति के दिने खिचड़ी

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।