[the_ad_group id="30365"]

माता सीता सहित उनकर बहिनन के विदाई देखके भावुक भइलें दर्शक

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बरहज/(देवरिया)/ अखिलेश कुमार सिंह। बरहज के ग्राम पंचायत गहिला में हो रहल रामलीला के मुख्य अतिथि जिला पंचायत सदस्य अरविन्द कुमार फीता काटके रामलीला के सुभारंभ कइलें। आयोजक दिवाकर नाथ तिवारी आ राजेंद्र सिंह रहलें। अध्यक्ष राकेश यादव, संचालक शैलेश कुमार आ रामसमुज यादव रहल लो।

रामलीला के पांचवां दिन राम-सीता विवाह के मनोहारी मंचन कइल गइल। राजा जनक एगो दूत से राजा दशरथ के भगवान राम आ सीता के बियाह के निमंत्रण भिजवात बाड़ें। राजा दशरथ निमंत्रण स्वीकार करत बाड़ें। भरत आ शत्रुघ्न के बारात जनकपुरी चले के आज्ञा देत बाड़ें। दशरथ आ गुरु वशिष्ठ के संगे सब बाराती जनकपुरी पहुंचत बा लो। उहां ओह लोगन के भविष्य स्वागत होत बा आ गुरु वशिष्ठ एगो प्रस्ताव रखत बाड़ें कि चारों भाइयन के बियाह एक संगे होेखे। उनका प्रस्ताव से सभे सहमत हो जात बा।

चारों भाइयन के बियाह संपन्न होला। चारों बहिनन के विदाई के मंचन देख सब दर्शकन के आंख छलक गइल। अयोध्या में राजा दशरथ गुरु, वशिष्ठ, चारों भाइयन आ पतोह लोगन के भव्य स्वागत होता।

इएह दौरान उपध्याक्ष सूरज यादव, कोषध्यक्ष परवेज, अद्विक सिंह, दीपक सिंह धोनी, पूर्व प्रधान कमलेश गुप्ता, पूर्व प्रधान शिव प्रसाद, अमला प्रसाद, सतेंद्र यादव (रावण), विशाल, अभिषेक, राघवेंद्र, अजय, परवल, सनाउल, रेखा सिंह, साधना गोंड, निधि, निसू, खुशी सिंह, विजय प्रकाश सिंह, प्रतिमा देवी, मुस्कान कुशवाहा, काजल खरवार, ब्यूटी सिंह, साधना गोंड, निसू, खुशी, सोनी, प्रियंका, अंकिता खरवार आदि लोग उपस्थित रहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]