Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

मार्च 2024 के व्रत त्यौहार में जानीं कब होई होली, एकादशी, महाशिवरात्रि आ कब लागी होलाष्टक

650

March Vrat Tyohar 2024 : एह साल मार्च माह में रही परबन आ त्यौहारन के मेला। एकादशी से लेके शिवरात्रि आ होलाष्टक से होली के परब तक रहे वाला बा खास। आईं जान लेहल जाव कब-कब मनावल जाई विशेष त्यौहार। मार्च महीना में पड़े वाला बरत-त्योहार के समय कइयन मायनन में खास होला। एह समय के दौरान जहां फाल्गुन महीना के शिवरात होई, ओहिजा होली के परबो मनावल जाई। एही के संगे एही मार्च माह में सुरु होई चैत्र कृष्ण पक्ष।

मार्च के महीना सुरू होखतही सुरु होला रंगन के परब आ भगवान शिव के पूजन। हिंदू धरम में मार्च महीना के विशेष महत्व रहेला। काहेकि एह महीना में होली आ नवरात जइसन बड़ त्योहार पड़ रहल होला। भगवान शिव के पूजन के संगे-संगे श्रीकृष्ण पूजन खातिर ई महीना बहुते खास मानल जाला हिंदू कैलेंडर के अनुसार, एह महीना में आमलकी एकादशी, फुलैरा दूज, होलिका दहन, विजया एकादशी, होलाष्टक आ होली जइसन परब आवेला।

आईं जानल जाव मार्च महीना के बरत आ त्योहारन के पूरा लिस्ट

4 मार्च 2024 सोमार के दिन जानकी जयंती

माता सीता के पूजन आ जानकी उत्सव संपन्न होई।

6 मार्च 2024 बुध के दिन विजया एकादशी

श्रीकृष्ण भगवान के निमित्त एकादशी के व्रत कइल जाई।

8 मार्च, 2024 सुक के दिन महाशिवरात पूजा

भगवान शिव के पूजन आ जलाभिषेक होई।

10 मार्च 2024 अतवार के दिन फाल्गुन अमावस्या

फागुन अमावस्या के दिन पितरन के पूजन कइल जाई।

12 मार्च 2024 मंगर के दिन फुलेरा दूज

फुलैरा दूज के दिन भगवान श्रीकृष्ण के संगे राधारानी के पूजन होई।

13 मार्च 2024 बुधर के दिन विनायक चतुर्थी

विनायक चतुर्थी के दिन श्रीगणेश जी के पूजन संपन्न होई।

14 मार्च 2024 बियफे के दिन संक्रांति

चैत्र संक्रांति के परब आ सूर्य उपासना संपन्न होई।

20 मार्च 2024 बुध के दिन आमलकी एकादशी

आमलकी एकादशी के दिन आंवला पूजन आ भगवान श्रीविष्णु के पूजन संपन्न होई।

21 मार्च 2024 बियफे के दिन नरसिम्हा द्वादशी

नरसिम्हा द्वादशी के दिन भगवान श्रीविष्णु के नरसिंह अवतार के पूजन होई।

22 मार्च 2024 सुक के दिन प्रदोष व्रत

शुक्र प्रदोष व्रत के दिन भगवान शिव के पूजा के संगे शुक्र देव के पूजन होई।

24 मार्च 2024 अतवार के दिन होलिका दहन आ पूर्णिमा व्रत

होलिका दहन के संगे समाप्त होई होलाष्टक।

25 मार्च 2024 सोमार के दिन होली परब, चंद्र ग्रहण

होली के संगही चंद्र ग्रहण के जोग निर्मित होई।

28 मार्च 2024 बियफे के दिन भालचंद्र संकष्टी चतुर्थी

भालचंद्र संकष्टी चतुर्थी के दिन भगवान श्रीगणेश के पूजन संपन्न होई।

30 मार्च 2024 सनीचर के दिन रंग पंचमी

रंग पंचमी के दिन श्रीदेवी लक्ष्मी के पूजन आ देवी दुर्गा जी के पूजन होई।

755540cookie-checkमार्च 2024 के व्रत त्यौहार में जानीं कब होई होली, एकादशी, महाशिवरात्रि आ कब लागी होलाष्टक

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.