टटका न्यूज़विविध Damoh: आसानी से हाथ आइल नागिन, नाग के ढूंढे में एक के बाद एक मिलल 50 से जादे सांप, दहशत में ग्रामीण By Aditya Tiwari On Jul 6, 2023 248 Share बरखा के मौसम आवतही घरन से सांप के मिले के ममिला बढे लागल बा। बरखा में बिल में पानी भरला के बाद सांप बाहर निकले लागल बाड़े सs। अइसने एगो ममिला दमोह के लकलका गांव में देखे के मिलल। दमोह के लकलका गांव में ग्राम कोटवार बुक्खल रैकवार के घरे एक संगे 50 से जादे सांप निकल आइल। जइसही कोटवार सांप देखलें उनकर होश उड़ गइल। ऊ परिवार के लेके घर से बाहर भगले अउर ग्रामीणन के सूचना देलें। बाद में नाथ समुदाय के सर्प विशेषज्ञन के बोलाके एह सांपन के पकड़के डिब्बा में बंद कइल गइल आ जंगल में छोड़ल गइल। दहशत के कारण कोटवार घर के अंदर नइखन जात। बता दीं बरखा के मौसम के सुरुआत हो चुकल बा। अइसन में शहरी क्षेत्रन के संगे ग्रामीण क्षेत्रन में जहरीला जीव-जंतुअन के निकले के क्रम सुरू हो चुकल बा। अइसने कुछ ग्राम पंचायत लकलका में देखे के मिलल। इहां एगो मकान से एक के बाद एगो लगभग 50 से जादे सांप निकलल। एकदम से एतना संख्या में एह सांपन के देखला के बाद बुख्हल रैकवार आ ग्रामीण दहशत में आ गइल लो। ऊ लोग एह बात के जानकारी दूसरा गांव में सर्प पकड़े वाला विशेषज्ञ के दिहल लो। ग्रामीण लोग बतावल कि सांप पकड़े दोसर गांव से आइल विशेषज्ञ नागिन के तs आसानी से पकड़ लेलें। एतनामें नाग कहीं लुका गइल। नाग के खोजे में बहुत समय लागल। नाग के तलाश में एक के बाद एक 50 से जादे छोट-बड़ सांप निकलले सs। विशेषज्ञ एक-एक कs एह जहरीला सांपन के अपना कब्जा में लेके कुप्पन में बंद कइल, जवना के बाद ग्रामीणन के जान में जान आइल। Like224 Dislike28 5889210cookie-checkDamoh: आसानी से हाथ आइल नागिन, नाग के ढूंढे में एक के बाद एक मिलल 50 से जादे सांप, दहशत में ग्रामीण no Please leave this field emptyईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं। Email Address * Check your inbox or spam folder to confirm your subscription. व्हाट्सएप्प पर रेगुलर न्यूज़ अपडेट्स पाने के लिए हमारे व्हाट्सएप्प ग्रुप को ज्वाइन करें। Join Whatsapp Group Bhojpuri NewsSnake baitSnake Found 248 Share WhatsappFacebookFacebook MessengerTwitterLinkedinTelegram
Comments are closed.