वाह रे पुलिस! युवक के झूठ मामिला में फंसाए खातीर कार में रखलस पिस्तौल, 4 पुलिसकर्मी भइल सस्पेंड

Share

 

उत्तर प्रदेश के बुलंदशहर में एगो युवक के झूठ मामिला में फंसावे के आरोप में 4 पुलिसकर्मी के निलंबित कs दिहल गईल बा। एह पुलिस वालन पs आरोप बा कि ऊ युवक के गाड़ी में जबरन पिस्तौल रखले बाड़न. युवक के नाम अमित हs। अमित के पिता दिनेश के आरोप बा कि उनुकर बेटा 21 जुलाई के कवनो समारोह से लवटत रहे। ओकरा बाद कुछ पुलिसकर्मी उनुका गाड़ी के एगो बाजार में रोक के जबर्दस्ती उनुका गाड़ी में पिस्तौल डाल देले। एकरा बाद अमित के खिलाफ मामिला दर्ज भईल अवुरी उनुका के जेल भेज दिहल गईल।

4 पुलिसकर्मी के निलंबित

घटना शिकारपुर थाना क्षेत्र के हs। एs घटना के एगो कथित वीडियो ऑनलाइन सामने आईल बा, जवना में पुलिसकर्मी मोटरसाइकिल से हथियार निकाल के गाड़ी में राखत देखाई देतारे। अधिकारी बतवले कि वीडियो में देखाई देवे वाला सभ पुलिसकर्मी के तुरंत प्रभाव से वरिष्ठ पुलिस अधीक्षक निलंबित कs देले बाड़े।  पुलिस अधीक्षक (अपराध शाखा) राकेश कुमार मिश्र पत्रकारन से बतवले कि शिकारपुर थाना प्रभारी, नगर चौकी प्रभारी आ दू गो सिपाही के निलंबित कs दिहल गइल बा. उs बतवले कि वीडियो में देखाई देवे वाला दुनो होमगार्ड के संबंध में अलग से रिपोर्ट भेजल जाता अवुरी जांच रिपोर्ट वरिष्ठ पुलिस अधीक्षक (एसएसपी) के भेजल जाई।

 

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-