दिनांक- 29/03/2026
श्री गणेशाय नमः
आज के पंचांग
चैत्र शुक्ल पक्ष
तिथि- एकादशी
सबेरे के 07 बजके 46 मिनट ले,
ओकरा बाद एकादशी।
दिन- अतवार।
आश्लेषा नक्षत्र
दिन के 02 बजके 37 मिनट ले,
ओकरा बाद मघा नक्षत्र।
धृति जोग
सांझ के 06 बजके 19 मिनट ले,
ओकरा बाद शूल जोग।
विष्टि करण।
काल्ह के पंचांग
दिनांक- 30/03/2026
चैत्र कृष्ण पक्ष
तिथि- द्वादशी
सबेरे के 07 बजके 09 मिनट ले।
दिन- सोमार।
मघा नक्षत्र
दिन के 02 बजके 47 मिनट ले।
शूल जोग
दिन के 04 बजके 51 मिनट ले।
बालव करण।
आज के राशिफल
मेष | Aries
(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

वृष | Taurus
(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आज सोच-समझ के फैसला लीं। धन के मामिला में सतर्क रही। सेहत ठीक रही, बाकिर खान-पान पs ध्यान दीं।
मिथुन | Gemini
(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)
आज आपन बात साफ-साफ रखीं। संघतिया लोगन से मदद मिली। छोट जतरा के जोग बनत बा।
कर्क | Cancer
(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

भावुकता पs काबू रखीं। परिवार में खुसी के माहौल रही। काम में सफलता मिल सकेला।
सिंह | Leo
(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज आत्मविश्वास बढ़ल रही। ऑफिस में तारीफ मिली। नया योजना सफल हो सकेला।
कन्या | Virgo
(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

काम के दबाव बढ़ सकेला, बाकिर मेहनत रंग लाई। आर्थिक इस्थिति सुधरी।
तुला | Libra
(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज भाग्य साथ दी। रुकल काम पूरा होई। परिवार के संगे अच्छा समय बिताईं।
वृश्चिक | Scorpio
(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज खीस पs काबू रखीं। स्वास्थ्य के ध्यान रखीं। निवेश सोच-समझ के करीं।
धनु | Sagittarius
(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज जतरा के जोग बा। नया मवका मिल सकेला। पढ़ाई-लिखाई में सफलता मिली।
मकर | Capricorn
(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज मेहनत के फल मिली। नौकरी में तरक्की के संभावना बा। परिवार में खुसी रही।
कुंभ | Aquarius
(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)
आज नया लोग से मुलाकात होई। काम में बदलाव हो सकेला। धन लाभ के जोग बा।
मीन | Pisces
(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज दिन अच्छा रही। मन प्रसन्न रही। धार्मिक काम में रुचि बढ़ी। परिवार के संगे समय बिताईं।








