Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

29 अगस्त 2024 के राशिफल

462
Google Ads 300*250 for posts

दिनांक-29/08/2024

श्री गणेशाय नम:

आज के पंचांग

भाद्रपद कृष्ण पक्ष

तिथि- एकादशी

रात के 01 बजके 37 मिनट ले,

ओकरा बाद द्वादशी।

दिन- बियफे।

आद्रा नक्षत्र

दिन के 04 बजके 39 मिनट ले,

ओकरा बाद पुनर्वसु नक्षत्र।

सिद्धि जोग

सांझ के 06 बजके 17 मिनट ले,

ओकरा बाद व्यातीपात योग ।

बव करण।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 30/08/2024

भाद्रपद कृष्ण पक्ष

तिथि- द्वादशी

रात के 02 बजके 25 मिनट ले।

दिन- सुक।

पुनर्वसु नक्षत्र

दिन के 05 बजके में 55 मिनट ले।

व्यातीपात जोग

दिन के 05 बजके 46 मिनट ले।

कौलव करण।

 आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

पैतृक संपत्ति के निपटारा आज संभव बा। राउर आपने रउआ के घर से दूर कइल चाहत बा लो। मेहमान लोगन के घरे आगमन हो सकत बा। विदेश में आपन बेयपार के विस्तार करीं।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

नया अनुबंध आज हो सकत बा। जवन भूमि रउआ खरीदले बानी ऊ रउआ खूब फले वाला बा। आज संघतिया लोगन के सहायता करे के पड़ सकेला। पईसा के लेन देन आज संभार के करीं।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

अब ना तs कबो ना। रउआ अपना काम के लेके गंभीर होखेम। समय रहते संभर जाई। माई के स्वास्थ में लाभ होई। आज पेट से जुड़ल कवनो तकलीफ हो सकेला।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

सही तरे से चल रहल कामन में रुकावट आ सकत बा।जमीन आ भवन के सौदा आज हो सकत बा। पड़ोसियन से संबंध में सुधार होई। बेकार के चिंता छोड़ परमात्मा के के चिंतन करीं, लाभ होई।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

दिन के सुरुआत में खुशनुमा रही। कवनो रोचक जानकारी आज मिल सकेला। जेकरा पs रउआ एतना भरोसा करेनी, उहे रउआ के नुकसान दे सकेला, सतर्क रहीं।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

मन मोताबिक काम ना मिलला से उदास रहेम। कवनो विशिष्ट आदमी के सम्पर्क में अइला से काम में गति आई। पारिवारिक मनमुटाव हो सकेला। समय रहते धन संचय कs ली। अपना स्वास्थ के धेयान राखीं।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

काम के जगे पs पदोन्नति संभव बा। राजकार्य में अटकल आ सकत बा। केहू बा, जे राउर बढ़न्ती नइखे चाहत, सतर्क रहीं। संतान के शिक्षा संबंधी चिंता रही। घर में वास्तु के मोताबिक बदलाव से लाभ होई।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आपन लोगन से धोखा मिल सकेला। कर्जा ससके जुड़ल दस्तावेज अटक सकेला। काम के जगे बड़ घटना के आसार बा, संभर के रहीं। योजना अधूरा रही।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

मनोरंजन के समय नइखे, आपन धेयान अपना कैरियर पs दीं। व्यस्तता के चलते आजुओ काम पूरा ना हो पाई। लाभकारी अवसर आज मिल सकेला। वाहन सुख संभव बा।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आकस्मिक जतरा के संजोग बन रहल बा। मानसिकता बदलला के जरूरत बा। बेवहार के नम्र बनाई। जीवन साथी के सहजोग से काम के जगे पs लाभ होई। सोना चानी के बेयपार से जुड़ीं, अच्छा लाभ अर्जित कs सकेनी।

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

बात करे के शैली से लोग प्रभावित होई। प्रशासनिक कार्यक्रमन में सहभागिता रही।राजनीतिक हस्तियन से परिचय होई। मौज मस्ती में समय बीती।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आत्मविश्वास में बढ़न्ती होई। शत्रु हार मानी लो। बियाह के चर्चा साकार रूप ले सकत बा। कवनो खास समूह से जुड़े के अवसर मिली। पेट से जुड़ल पीड़ा संभव बा।

943770cookie-check29 अगस्त 2024 के राशिफल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.