Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

27 जुलाई 2024 के राशिफल

374
Google Ads 300*250 for posts

दिनांक-27/07/2024

श्री गणेशाय नम:

आज के पंचांग

श्रावण कृष्ण पक्ष

तिथि- सप्तमी

रात के 09 बजके 19 मिनट ले,

ओकरा बाद अष्टमी।

दिन- सनीचर।

रेवती नक्षत्र

दिन के 12 बजके 59 मिनट ले,

ओकरा बाद अश्विनी नक्षत्र।

धृति जोग

रात के 10 बजके 43 मिनट ले,

ओकरा बाद शूल जोग।

विष्टि करण।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 28/07/2024

श्रावण कृष्ण पक्ष

तिथि- अष्टमी

सांझ के 07 बजके 27 मिनट ले।

दिन- अतवार।

अश्विनी नक्षत्र

दिन के 11 बजके 47 मिनट ले।

शूल जोग

रात के 08 बजके 11 मिनट ले।

बालव करण।

 

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आर्थिक ममिला आगा बढ़ी, बेवसाय में लाभ होई, काम में बढ़न्ती होई, जीवन साथी के सहजोग मिली, बहुते उमेद के काम पूरा होई, नौकरी में उन्नति होई, शिक्षा में बढ़न्ती होई।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

पारिवारिक जिनगी सुख से भरल रही, बेवसायिक कोसिस सफल रही, स्वास्थ के लेके जागरूक रही, जीविका के क्षेत्र में बढ़न्ती होई, कवनो नाया काम के योजना बनी।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

जतरा के संजोग बन रहल बा। कवनो काम के लेके चिंता रही, शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई, स्वास्थ के लेके जागरूक रही, जीविका के क्षेत्र में बढ़न्ती होई।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

कवनो अइसन आदमी से राउर भेंट होई जे राउर जिनगी में सकरात्मक ऊर्जा प्रदान करे वाला होई, संतान सुख मिली, शिक्षा में बढ़न्ती होई, स्वास्थ उत्तम रही, संघतिया के सहजोग मिली।

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

बेवसायिक ममिला आगा बढ़ी, जीवन साथी के सहजोग मिली, मान-सम्मान बढ़ी, पारिवारिक जिम्मेवारी पूरा होई, रचना के काम सफल होई, शिक्षा में बढ़न्ती होई।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

सामाजिक कामन में सफलता मिली, मान-सम्मान बढ़ी, पारिवारिक जिम्मेवारी पूरा होई, जीवन साथी के सहजोग मिली, रचना के काम सफल होई, शिक्षा में बढ़न्ती होई, जतरा के संजोग बन रहल बा।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

भावुकता पs लगाम राखीं, जतरा के संजोग बन रहल बा, कवनो काम के लेके चिंता रही, सफलता मिली, मान-सम्मान बढ़ी, पारिवारिक जिनगी सुख से भरल रही, शिक्षा में बढ़न्ती होई।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आर्थिक ममिला आगा बढ़ी, जीवन साथी के सहजोग मिली, रचना के काम सफल होई, शिक्षा में बढ़न्ती होई, स्वास्थ उत्तम रही, भाग-दउर रही, मानसिक तनाव बन सकेला।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

मानसिक तनाव बन सकेला, भाग-दउर रही, कवनो काम के लेके चिंता रही, नाया काम के योजना बनी, संघतिया के सहजोग मिली, बहुते उमेद के काम पूरा होई, बाबुजी के सहजोग मिली।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

सामाजिक कामन में बाझल रहब, स्वास्थ उत्तम रही, संघतिया के सहजोग मिली, बहुते उमेद के काम पूरा होई, नौकरी में उन्नति होई, बहस से बची, आर्थिक पक्ष मजबूत होई, शिक्षा में बढ़न्ती होई।

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

संघतिया के सहजोग मिली, रचना के काम सफल होई, चोट लाग सकत बा, भाग-दउर रही, धन के हानी हो सकेला।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आर्थिक ममिला आगा बढ़ी, जीवन साथी के सहजोग मिली, रचना के काम सफल होई, शिक्षा में बढ़न्ती होई।

908030cookie-check27 जुलाई 2024 के राशिफल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.