27 दिसंबर 2025 के राशिफल

Rashifal : राशिफल

Share

दिनांक- 27/12/2025

श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

पौष शुक्ल पक्ष

तिथि- सप्तमी

दिन के 01 बजके 10 मिनट ले,

ओकरा बाद अष्टमी।

दिन- सनिचर।

 पूर्वभाद्रपदा नक्षत्र

दिन के 09 बजके 09 मिनट ले,

ओकरा बाद उत्तरभाद्रपदा नक्षत्र।

व्यातीपात जोग

दिन के 12 बजके 21 मिनट ले,

ओकरा बाद वरीयान जोग।

वणिज करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 28/12/2025

पौष शुक्ल पक्ष

तिथि- अष्टमी

दिन के 11 बजके 59 मिनट ले।

दिन- अतवार।

उत्तरभाद्रपदा नक्षत्र

दिन के 08 बजके 43 मिनट ले।

वरीयान जोग

दिन के 10 बजके 13 मिनट ले।

बव करण।

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज कामकाज में तेजी आई। मेहनत के पूरा फल मिली। नौकरी में अफसर लोग खुस रही। धन के आवक ठीक-ठाक रही। परिवार में खुसी के माहौल रही। सेहत सामान्य रही।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आज खरचा तनिका बढ़ सकेला। सोच-समझ के पईसा खर्च करीं। दाम्पत्य जिनगी में मधुरता बनल रही। बेयपार में नया मौका मिले के जोग बा। बाहर के खाना से बचीं।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज दिन सुभ बा। अटकल काम पूरा हो सकेला। नौकरी बदलल चाहत बानी तs मौका मिल सकेला। संघतिया से लाभ मिली। जतरा से फायदा होई।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आज मन तनिका परेसान रही। बेवजह के चिंता से दूर रहीं। परिवार के सहजोग मिली। जमीन-जायदाद से जुड़ल ममिला सुलझ सकेला। सेहत पs ध्यान दीं।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज आत्मविश्वास बढ़ी। समाज में मान-सम्मान मिली। राजनीतिक लोगन खातिर दिन बढ़िया बा। रोजगार के नया रास्ता खुली। विद्यार्थी वर्ग सफल रही।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज धैर्य से काम लीं। ऑफिस में जिम्मेदारी बढ़ सकेला। बेयपार में लाभ के जोग बा। जीवनसाथी के सहजोग मिली। पेट से जुड़ल दिक्कत हो सकेला।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज दिन मिलल-जुलल रही। पईसा के लेन-देन में सावधानी रखीं। परिवार में छोट-मोट मतभेद हो सकेला। कला आ संगीत से जुड़ल लोगन खातिर दिन अच्छा बा।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज किस्मत साथ दी। रुकल काम बन सकेला। नौकरी में तरक्की के संकेत बा। प्रेम संबंध मजबूत होई। सेहत बढ़िया रही।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज जतरा के जोग बा। पढ़ाई-लिखाई में मन लागी। गुरु भा बुजुर्ग से सलाह फायदेमंद रही। बेयपार में विस्तार के योजना बनी।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज मेहनत जादे करे के पड़ी। काम के दबाव रही। खरचा पs कंट्रोल रखीं। परिवार के संगे समय बितवला से मन खुस रही।

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज नया काम सुरू करे खातिर सुभ दिन बा। नौकरी में बदलाव के जोग बन रहल बा। संघतियन से मदद मिली। सामाजिक काम में रुचि बढ़ी।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज भावुकता पs काबू रखीं। प्रेम संबंध में गलतफहमी से बचीं। आर्थिक इस्थिति मजबूत रही। भगवान के पूजा-पाठ से मानसिक शांति मिली।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-