Indian Student Killed : टोरंटो यूनिवर्सिटी के लगे अंधाधुंध फायरिंग, 20 बरिस के भारतीय छात्र शिवांक अवस्थी के मौत

By Shweta Supriya

Published on: Dec 26, 2025

नई दिल्ली। कनाडा में एगो भारतीय छात्र के जान चल गइल बा। टोरंटो में बियफे के भइल गोलीबारी में 20 बरिस के शिवांक अवस्थी के गोली लागल आ इलाज से पहिलही उनकर मौत हो गइल।

Share

Indian student Shivank Awasthi killed in firing near Toronto University Scarborough campus

नई दिल्ली। कनाडा में एगो भारतीय छात्र के जान चल गइल बा। टोरंटो में बियफे के भइल गोलीबारी में 20 बरिस के शिवांक अवस्थी के गोली लागल आ इलाज से पहिलही उनकर मौत हो गइल। टोरंटो में मवजूद भारतीय वाणिज्य दूतावास शिवांक अवस्थी के निधन पs गहिराह दुख जतवले बा।

टोरंटो में भारतीय छात्र के मौत

भारतीय दूतावास सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म एक्स पs बयान जारी कs के कहलस कि “टोरंटो यूनिवर्सिटी के स्कारबोरो कैंपस के लगे भइल गोलीबारी के घटना में नौजवान भारतीय डॉक्टरेट छात्र शिवांक अवस्थी के दुखद मौत से हमनी के बहुते मर्माहत बानी। एह कठिन घड़ी में दूतावास शोक संतप्त परिवार के लगातार संपर्क में बा आ स्थानीय प्रशासन से समन्वय बना के हर जरूरी मदद दे रहल बा।”

टोरंटो सन के रिपोर्ट के मोताबिक, पुलिस बतवले बिया कि फायरिंग के खबर मिलतही टीम घटनास्थल पs पहुंच गइल। उहवां गोली लागल एगो जुवक मिलल, जवना के हालत गंभीर रहे आ मौके पs ओकर मौत हो गइल।

पुलिस अधिकारी बतावल लोग कि पुलिस के पहुंच से पहिलही आरोपी लोग घटनास्थल से फरार हो चुकल रहे। जांच के दौरान पूरा इलाका सील कs दिहल गइल बा आ आसपास के इलाकन में सघन तलाशी अभियान चलावल जा रहल बा।

बतावल जा रहल बा कि टोरंटो में एह साल के ई 41वीं हत्या के घटना बा। एकरा से कुछे दिन पहिले टोरंटो में एगो आउर भारतीय नागरिक हिमांशी खुराना के हत्या के खबर सामने आइल रहे।

हिमांशी खुराना के मर्डर

भारत के रहे वाली 30 बरिस के हिमांशी खुराना के टोरंटो में बेरहमी से हत्या कs दिहल गइल रहे। पुलिस के शक बा कि एह ममिला में हिमांशी के पार्टनर 32 बरिस के अब्दुल गफूरी आरोपी बा।

शुरुआती जांच में पुलिस के ई मामला पार्टनर द्वारा भइल घरेलू हिंसा से जुड़ल लागत बा। हिमांशी खुराना के मौत पs भारतीय दूतावास गहिराह शोक जतवले रहे आ परिवार के हर संभव मदद के भरोसा देले रहे।

Read Also: Jaipur Violence : जयपुर में मस्जिद बाहर रेलिंग हटवला पs बवाल, भीड़ के पथराव से 6 पुलिसकर्मी घायल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.